Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मात्र 2000 रुपिया से कम में लॉन्च भइल दु गो नया स्मार्टवॉच, 25 दिन के मिली बैटरी लाइफ

Smartwatch: जदि रउआ एगो सस्ता स्मार्टवॉच किने के सोच रहल बानी तs भारत के टेक कंपनी Ambrane आपन दु गो नया स्मार्टवॉच के लॉन्च कइले बिया। एकर कीमत 2,000 रुपिया से कम बा।

2,224

Ambrane Smartwatch: भारत के टेक कंपनी Ambrane आपन दु गो नया स्मार्टवॉच के लॉन्च कइले बा। कंपनी Wise Crest आ Wise Stud स्मार्टवॉच के पेश कइले बिया। दुनुये स्मार्टवॉच के डिजाइन अलग-अलग बा आ बहुते निमन क्वालिटी के संगे आवेला। एह दुनो प्रोडक्ट्स के माध्यम से कंपनी आपन पोजीशन के मजबूत करे के कोसिस करी। नया स्मार्टवॉच एम्ब्रेन एडवेंचर पसंद करे वाला यूजर्स खातिर तइयार कइले बिया। एह दुनु में ब्राइट LucidDisplay वाला डिस्प्ले मिलेला जवना से बेहतर विजुअल अनुभव मिलेला। Wise Crest आ Wise Stud स्मार्टवॉच मॉडल्स दुनुये पs साल भर के वारंटी कंपनी के ओर से दिहल जा रहल बा।

डिस्प्ले आ फीचर्स:

Ambrane Wise Crest में 1.39 इंच आ Ambrane Wise Stud में 1.85 इंच के LucidDisplay दिहल गइल बा आ 500nits के ब्राइटनेस मिलत बा। घामो में एकनी आसानी से रीड कइल जा सकत बा। एमे स्किन फ्रेंडली सिलिकॉन स्ट्रैप दिहल गइल बा, जवना से लमहर समय तक एकरा पहन सकत बानी। AI फीचर के चलते यूजर्स कवनो फोटो क्लिक करत ओकरा के वॉच फेस बना सकत बा लो आ 100 से जादे क्लाउड आधारित वॉच फेसेज के संगे एकनी के कस्टमाइज कइल बहुते आसान हो जाला। ब्लूटूथ कॉलिंग आ स्मार्ट नोटिफिकेशंस मिलेला।

Ambrane Wise Crest स्मार्टवॉच मॉडल राउंड डिस्प्ले से लैस बा आ एकर कीमत 6,499 (MRP) रुपिया बा। ओहिजा, Ambrane Wise Stud में चौकोर डिस्प्ले मिलेला आ ओकर कीमत 5,999 (MRP) रुपिया बा। खास बात ई बा कि एह दुनु मॉडल्स के कंपनी के वेबसाइट्स से 2,000 रुपिया से कम में किनल जा सकत बा आ एहपर बड़ डिस्काउंट के फायदा मिल रहल बा। दुनुये स्मार्टवॉच मॉडल्स में 100 से जादे मल्टी-स्पोर्ट्स मोड दिहल गइल बा। जवना से फिजिकल ऐक्टिविटी भा वर्कआउट सेशन ट्रैक कइल जा सकी।

एतने ना, एमे हार्ट रेट, ब्लड ऑक्सीजन लेवल (SpO2), स्लीप आ फीमेल मेन्स्ट्रुअल साइकल मॉनीटर करे जइसन हेल्थ फीचरो मिलेला। Wise Crest आ Wise Stud स्मार्टवॉच में 400mAh बैटरी के संगे 10 दिन तक के बैटरी लाइफ आ 25 दिनन तक के स्टैंड-बाय टाइम मिल सकत बा।

496610cookie-checkमात्र 2000 रुपिया से कम में लॉन्च भइल दु गो नया स्मार्टवॉच, 25 दिन के मिली बैटरी लाइफ

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.