RJD प्रमुख लालू यादव के अब कइसन बा तबीयत? दिल्ली एम्स से आईल इs बड़ अपडेट

Share

राष्ट्रीय जनता दल (राजद) के सुप्रीमो अवुरी बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री लालू प्रसाद यादव के फिलहाल एम्स, दिल्ली में इलाज चलता। लालू प्रसाद यादव के देर रात एम्स अस्पताल के कार्डियोलॉजी एंड न्यूरोसाइंस सेंटर विभाग में भर्ती करावल गइल. अस्पताल से जुड़ल सूत्र के मुताबिक लालू यादव पीठ में सूजन समेत बहुत समस्या से ग्रस्त बाड़े। उनुका के सबसे पहिले बुध के सांझ पटना के पारस अस्पताल में भर्ती करावल गईल। जहां से शुरुआती इलाज के बाद उनुका के दिल्ली शिफ्ट कs दिहल गईल। 

इलाज डॉ राकेश यादव के देखरेख में हो रहल बा


लालू यादव के इलाज दिल्ली एम्स में डॉ राकेश यादव के देखरेख में हो रहल बा। परिवार के लोग से लेके समर्थक तक सब लोग लालू यादव के जल्दी ठीक होखे के दुआ कर रहल बा। डॉक्टर के मुताबिक लालू यादव के हालत फिलहाल स्थिर बा। बाकिर डॉक्टर उनुका के अगिला कुछ दिन अस्पताल में रहे के सलाह दे रहल बाड़े। बता दीं कि बुध के सबेरे लालू यादव के स्वास्थ्य अचानक बिगड़ गईल। जवना के बाद उनुका के तुरंत अस्पताल पहुंचावल गईल। 

इहो पढ़ीं: चेहरा के लटकत त्वचा के कस देई इs मास्क, कुछे दिन में जवान दिखे लागी त्वचा, जानीं कइसे इस्तेमाल करीं

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-