यूपी: प्रदेश में आज तेजी से करवट लिही मौसम, एह जिलन में वज्रपात के चेतावनी; गरमी के लेके जारी भइल अलर्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 3, 2025

लखनऊ : उत्तर प्रदेश में मौसम लगातार बदल रहल बा। बुध के दिन में दक्षिणी यूपी आ बुंदेलखंड सहित प्रदेश के कइयन इलाकन में बादलन के डेरा रहल। अब मौसम विभाग बुध से सुक के

Share

यूपी: प्रदेश में आज तेजी से करवट लिही मौसम, एह जिलन में वज्रपात के चेतावनी; गरमी के लेके जारी भइल अलर्ट

लखनऊ : उत्तर प्रदेश में मौसम लगातार बदल रहल बा। बुध के दिन में दक्षिणी यूपी आ बुंदेलखंड सहित प्रदेश के कइयन इलाकन में बादलन के डेरा रहल। अब मौसम विभाग बुध से सुक के बीच प्रदेश के दक्षिणी-पूर्वी आउर बुंदेलखंड के इलाकन में तेज हवा संगे हल्का बौछार पड़े के संभावना जतावल गइल बा। एकरा असर से एह इलाकन में तात्कालिक तौर पs अधिकतम तापमान में 3 से 4 डिग्री सेल्सियस तक के गिरावट के आसार बा। एकरा बाद प्रदेश में फेर से पारा में उछाल देखे के मिली।

आंचलिक मौसम विज्ञान केंद्र लखनऊ के वरिष्ठ वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह के मोताबिक सुक तक प्रदेश के दक्षिणी हिस्सा आ बुंदेलखंड के इलाकन में गरज-चमक के संगे मामूली बूंदाबांदी के संभावना बा। एह बीच कहीं-कहीं वज्रपात के आसार बा। जहां बूंदाबांदी के संकेत बा, उहां 30 से 40 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से हवा चल सकत बा।

एह इलाकन में वज्रपात के चेतावनी

बांदा, चित्रकूट, कौशांबी, प्रयागराज, फतेहपुर, सोनभद्र, मिर्जापुर, चंदौली, वाराणसी, संत रविदास नगर, गाजीपुर, बलिया, कानपुर , मथुरा, हाथरस, एटा, आगरा, फिरोजाबाद, मैनपुरी, इटावा, औरैया, जालौन, हमीरपुर, महोबा, झांसी, ललितपुर आ आसपास के इलाकन में।

गरमी ना बढ़ल, बाकिर उमस से छूटल पसीना

राजधानी में बुध के दिन भर आमसान में बादलन के आवाजाही रही। बादलन के मवजूदगी के वजह से पूरा दिन उमस भरल गरमी महसूस कइल गइल। पंखा के हवा में पसीना छूटत रहे। दिन के अधिकतम तापमान बिना कवनो बड़ उतार-चढ़ाव के मंगरे जेतना रहल। एकरा उलटा रात में गरमी सामान्य से जादे। न्यूनतम तापमान में तीन डिग्री के बढ़न्ती दर्ज कइल गइल।

आंचलिक मौसम विज्ञान केंद्र के वरिष्ठ वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह के कहनाम बा कि बियफे के लखनऊ में छिटपुट बादलन के मवजूदगी के संगे तापमान में उतार-चढ़ाव के संभावना बा। सुक से मौसम के तल्खी बढ़ सकत बा। एकरा से गरमी में इजाफा हो सकत बा आ पारा में बढ़न्ती के आसार बा।

बुध के दिन के अधिकतम तापमान 0.2 डिग्री के मामूली बढ़त के संगे 36.9 डिग्री तs रात के न्यूनतम तापमान तीन डिग्री के उछाल के संगे 19.7 डिग्री सेल्सियस रिकाॅर्ड भइल।

कुकरैल के हवा अच्छा, तालकटोरा के खराब

राजधानी के छव वायु गुणवत्ता मापक स्टेशनन में से कुकरैल के हवा हरिहर माने सेहत खातिर अच्छा श्रेणी में दर्ज कइल गइल। ओहिजा, गोमतीनगर, बीबीएयू, अलीगंज आ लालबाग के हवा पीयर माने मध्यम श्रेणी में रहल। तालकटोरा के हवा नारंगी माने सेहत खातिर खराब श्रेणी में देखे के मिलल।

कुकरैल – 73 – हरा- अच्छा
गोमतीनगर- 118 – हरा- अच्छा
बीबीएयू- 120 – पीला- मध्यम
लालबाग- 155 – पीला- मध्यम
अलीगंज- 157 – पीला- मध्यम
तालकटोरा -235 – नारंगी- खराब

Tags:

, ,

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.