[the_ad_group id="30365"]

आईसीसी के वनडे रैंकिंग में नंबर-1 कइसे बन सकत बिया भारतीय टीम? आसानी से समझीं पूरा समीकरण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय टीम मंगर के एशिया कप 2023 के फाइनल में आपन जगह पक्का कइलस। रोहित शर्मा के नेतृत्‍व वाली भारतीय टीम कोलंबो के आर प्रेमदासा स्‍टेडियम में खेलल गइल एशिया कप के सुपर-4 राउंड में मेजबान श्रीलंका के 41 रन से मात देले रहे। भारतीय टीम एह टूर्नामेंट के अंत चैंपियन बने के संगे कइल चाही।

एही बीच एगो जानकारी सामने आइल बा कि वर्ल्‍ड कप से पहिले भारतीय टीम के लगे आईसीसी के वनडे टीम रैंकिंग में नंबर-1 बने के मवका बा। ‘रोहित ब्रिगेड’ एह समय तीसरा स्‍थान पs काबिज बा। तs चलीं जानल जाव कि भारतीय टीम कइसे नंबर-1 पs पहुंच सकत बिया।

एशिया कप चैंपियन बनs 

भारतीय टीम खातिर सबसे अहम बात ई बा कि ओकरा नंबर-1 बने खातिर आपन अगिला दुनो मुकाबला जीतल जरूरी बा। भारतीय टीम के सूक के बांग्‍लादेश से मुकाबला होखे के बा।

ई सुपर-4 राउंड में भारत के आखिरी मुकाबला होई। एह मैच के जीतला के बाद भारतीय टीम के एशिया कप फाइनल के अपना नावे करे के होई। हालांकि, एसे भारतीय टीम नंबर-1 ना बनी।

एह बात के रखे के होई ख्‍याल

भारतीय टीम खाली आपन मैच जीतके नंबर-1 ना बनी। एकरा खातिर ‘रोहित सेना’ के आउर मैचन के नतीजन पs निर्भर रहे के होई। भारत के चाहीं कि पाकिस्‍तान के श्रीलंका के हाथन शिकस्‍त मिलो। पाकिस्‍तान आ श्रीलंका के बीच एशिया कप 2023 के सुपर-4 राउंड के मुकाबला बियफे के खेलल जाई।

ओइसे, दुनो टीमन खातिर ई मुकाबला वर्चुअल सेमीफाइनल के तरे होई। दुनो में से जे जीती, उ सीधे फाइनल में पहुंची। जदि बरखा के कारण मैच रद्द भइल तs श्रीलंका फाइनल में पहुंची।

दक्षिण अफ्रीका के जीत के दुआ

जइसन कि रउआ के पहिले बतवनी कि भारतीय टीम के आउर मुकाबलन के नतीजन पs निर्भर रहे के होई तs ओहिमे इहो सामिल बा। भारतीय टीम के फैंस दुआ करी लो कि दक्षिण अफ्रीका आपन दुनो बाकी वनडे मैच में ऑस्‍ट्रेलिया के हरा देवे। एह तरे प्रोटियाज टीम सीरीज 3-2 से अपना नावे कs लिहि। दक्षिण अफ्रीका एह समय सीरीज में 1-2 से पीछे बा। दुनो टीमन के बीच सीरीज के चउथा वनडे सुक के सेंचुरियन में खेलल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]