[the_ad_group id="30365"]

छोटे उमिर में करोड़पति कइसे बन गइले ? यात्रा में व्यस्त Tejashwi Yadav पऽ ई नेता उठवले सवाल, कहले- नौजवानन के…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar politics: चुनाव के लेके बिहार में अभियान तेज बा। बिहार के पूर्व डिप्टी सीएम राज्य भर के यात्रा पऽ निकलल बाड़े। उनका सभा में लोगन के भीड़ उमड़ रहल बा। अइसे में सत्ता पक्ष उनका पऽ निशाना साधल शुरू कर देले बा। जदयू नेता राजीव रंजन ऐतवार के कहले कि स्कूली जीवने में बिना काम- धन्धा के करोड़पति बने के नुस्खा बिहार के युवा सन के काहे नइखन बतावत तेजस्वी यादव?

राजद (RJD) के युवराज रोज दिन छाती-पीट के नीतीश सरकार के कामन के तऽ आपना बता रहल बाड़े, बाकिर बिना काम- धंधा के छोटहने उमिर में उऽ करोड़पति कइसे बन गईल ? एपर उनका मुंह से एको शब्द ना निकलल।

उनका ई बतावे के चाहीं कि आखिर उऽ कवन जादू के छड़ी घुमावत रहस कि लोग अपना पुरखन के जमीन उनका नांवेत कर जात रहें। राजीव रंजन कहले कि तेजस्वी यादव (Tejashwi Yadav) के इहो बतावे के चाहीं कि उऽ कवन कला हऽ, जवना से दिल्ली में करोड़ों के फ्लैट उनका कौड़ियन के भाव में मिल जाला।

तेजस्वी यादव चाहियो के ए मसला पऽ कुछ नइखन बोल सकत। जनता उनकर हकीकत जानत बिया। उनका पता बा कि युवराज बिहार के जनता के खून – पसेना के कमाई लूटके आपन महल बनवले बाड़न।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]