[the_ad_group id="30365"]

न्याय यात्रा: अखिलेश कहले-‘नफरत करे वालन के मोहब्बत सिखा देवेला, ई आगरा हऽ जनाब, जवन दिलन के मिला देवेला’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत जोड़ो न्याय यात्रा में अखिलेश भाजपा के निशाने पऽ लिहले कहले कि ‘नफरत करे वालन के मोहब्बत सिखा देवेला, ई आगरा हऽ जनाब, जवन दिलन के मिला देवेला’

उत्तर प्रदेश के आगरा में ऐतवार के राहुल गांधी के भारत जोड़ो न्याय यात्रा आयोजित भइल। एमें सपा मुखिया अखिलेश यादवो हिस्सा लिहले । ए मौके पऽ उऽ शायराना अंदाज में भाजपा के निशाने पऽ लेले। कहले कि आगरा मोहब्बत के नगरी हऽ , इहाँ से पूरा देस में मोहब्बत के संदेश जाए के चाहीं।

अखिलेश आगरा में भाजपा हटाव, संविधान बचाव ,देश बचाव के नारा दिहले। कहले कि भाजपा पेपर लीक करे वाली पार्टी हिय। भाजपा के नेता देश में नफरत फइलावे के काम कर रहल बा। नौजवानन के रोजगार नइखे। जवान डिग्री जरावे पऽ मजबूर बा। ई लोग किसानन खातिर काला कानून लेके आवऽत बा। अब भाजपा के विदाई तय बा। इंडिया गठबंधन के सरकार बनीं।

भारत जोड़ो न्याय यात्रा के शुरुआत टेड़ी बगिया से भइल। एमें शामिल होखे खातिर राहुल गांधी अलीगढ़ होत आगरा पहुंचले। ओहिजा समाजवादी पार्टी के मुखिया अखिलेश यादवो एमें हिस्सा लेवे खातिर आगरा पहुंचले। अइसे में टेड़ी बगिया पऽ समाजवादी लो होर्डिंग आ बैनर से पूरा रोड़ पाट देलस। यात्रा राहुल गांधी के रहें , बाकिर रंग समाजवादी के खिलल-खिलल नजर आइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]