Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पुस्तक ‘फिर सबेरा होगा’ के लेखक के कइल गइल सम्मानित

962

गोरखपुर। शहर के जुवा कवि आ लेखक मृत्युंजय उपाध्याय नवल के उनकर पुस्तक “फिर सवेरा होगा” प कादंबरी हिंदी संस्थान, जबलपुर, मध्य प्रदेश द्वारा इंजीo विवेक मिश्र कविता सम्मान 2022- से सम्मानित कइल गइल।

ई सम्मान जबलपुर में अयोजित एगो कार्यक्रम में रानी दुर्गावती विश्वविद्यालय जबलपुर के हिन्दी अध्ययन मण्डल के अध्यक्ष डॉ नीना उपाध्याय, प्रज्ञा पीठाधीश्वर साध्वी विभानन्द गिरी आ वरिष्ठ साहित्यकार आचार्य भागवत दुबे द्वारा दिहल गइल।

एह अवसर प वरिष्ठ साहित्यकार राजेश पाठक प्रवीण, डॉ पी पी पंजरकर डॉ सूर्य नारायण गुप्त सहित देश के कइयन गो साहित्यकार मवजूद रहे लो।

मृत्युंजय उपाध्याय नवल के ई पुस्तक 2021में प्रकाशित भइल बा। एकरा पहिले नवल 2019 नई दिल्ली में अयोजित संतावें अंतर्राष्ट्रीय हिंदी अधिवेशन में संबोधित क के अपना क्षेत्र आ जिला के मान बढ़वले बाड़े। नवल के उत्तर प्रदेश अयोध्या शोध संस्थान आ संचय साहित्य फाउंडेशन नई दिल्ली द्वारा, “लोक जीवन में राम कथा “शोध पत्र प सम्मनित कइल जा चुकल बा।

नवल के कहनाम बा कि लिखला के प्रेरणा उनका अपना बाबूजी स्वर्गीय राजनवल उपाध्याय आ माता स्वर्गीय रुद्रवती देवी से मिलल। वर्तमान में नवल आकाशवाणी गोरखपुर में आकस्मिक उद्घोषक के रूप में आपन सेवा दे रहल बाड़ेंं।

379990cookie-checkपुस्तक ‘फिर सबेरा होगा’ के लेखक के कइल गइल सम्मानित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.