नई दिल्ली। केंद्र सरकार पांच केंद्र शासित प्रदेशन के उपराज्यपाल आ प्रशासकन के औषधि आ जादुई उपचार (आपत्तिजनक विज्ञापन) अधिनियम, 1954 के तहत भ्रामक विज्ञापनन के खिलाफ कार्रवाई करे के अधिकार दे देलस। एह फैसला के बाद अब ई उपराज्यपाल आ प्रशासक अइसन अधिकारियन के अधिकृत कs सकेलें, जवन कैंसर, डायबिटीज जइसन गंभीर बेमारी के इलाज के नाम पs जादुई गुण आ चमत्कारी दावा करे वाला विज्ञापनन पs तलाशी आ जब्ती के कार्रवाई कs सकेलें।
हाले में गृह मंत्रालय के ओर से राजपत्र में जारी आदेस के मोताबिक, ई अधिकार जम्मू-कश्मीर, लक्षद्वीप, चंडीगढ़, दादरा आ नगर हवेली आउर दमन आ दीव, आ पुडुचेरी के उपराज्यपाल आ प्रशासकन के दिहल गइल बा। आदेस में कहल गइल बा कि राष्ट्रपति के निरदेस के अनुसार, अगिला आदेस तक ई प्रशासक राष्ट्रपति के नियंत्रण में रहत, अपना-अपना इलाका में राज्य सरकार के मिलल शक्तियन आ जिम्मेदारी के इस्तेमाल करी लोग।
का बा औषधि आ जादुई उपचार अधिनियम?
ड्रग्स एंड मैजिक रेमेडीज (आपत्तिजनक विज्ञापन) अधिनियम, 1954 आ ओकर नियम के तहत भ्रामक विज्ञापनन आ दवाइन/औषधीय पदार्थन के बढ़ा-चढ़ा के कइल गइल दावा पs रोक लगावल गइल बा।
एह कानून में प्रिंट आ इलेक्ट्रॉनिक मीडिया में छपल आयुष दवाइन से जुड़ल दावा सामिल बा।
एह अधिनियम के तहत राज्य सरकार के ओर से अधिकृत राजपत्रित अधिकारी के अधिकार बा कि ऊ कवनो परिसर में प्रवेश कs सके, तलाशी ले सके, रिकॉर्ड के जांच भा जब्ती कर सके आ भ्रामक भा अनुचित विज्ञापन के ममिला में कार्रवाई सुरू कs सके। अब ई अधिकार पांच केंद्र शासित प्रदेशन में उपराज्यपाल भा प्रशासक के माध्यम से लागू होई।
कवन-कवन बेमारी अधिनियम के अनुसूची में बा सामिल ?
एह अधिनियम के तहत 54 बेमारी आ विकार- जइसे डायबिटीज, मोटापा आ कैंसर के इलाज खातिर दवाइन के विज्ञापन पर प्रतिबंध बा। ई सब बेमारी निषिद्ध अनुसूची में सामिल बा। कानून कंपनियन के रोकेला कि ऊ एह बेमारियन के इलाज के नाम पs कवनो दवा के चमत्कारी इलाज बताके प्रचार भा बाजार में ना उतारें। केंद्र सरकार के एह डेग से भ्रामक इलाज आ झूठा विज्ञापन करे वाला तत्वन पs सख्त कार्रवाई के रास्ता साफ हो गइल बा।
Read Also: 20 जनवरी 2026 के राशिफल







