[the_ad_group id="30365"]

Kishtwar Encounter : किश्तवाड़ एनकाउंटर में सेना के जवान शहीद, जैश के तीन आतंकी घिरलें सs; गोलीबारी जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू। जम्मू-कश्मीर के किश्तवाड़ जिला के सिंहपोरा इलाका में अतवार के दिन सुरक्षाबल आ पाकिस्तान समर्थित आतंकियन के बीच भीषण मुठभेड़ भइल। दूनो ओर से भारी गोलीबारी में सेना के एगो जवान शहीद हो गइल, जबकि सात जवान घायल हो गइल बा लोग। घायल जवानन के इलाज खातिर अस्पताल भेजल गइल बा। ओहिजा सुरक्षाबल आतंकियन के चारो ओर से घेराबंदी कइले बा।

अधिकारी लोग बतवलस कि रात भर ऑपरेशन रोकला के बाद सोमार के दिने किश्तवाड़ जिला के ऊपरी इलाकन में दोबारा सर्च ऑपरेशन सुरू कइल गइल। आशंका बा कि आतंकी ओही इलाका में लुकाइल बाड़ें सs। ई ऑपरेशन अतवार के चतरू बेल्ट में मंदराल-सिंहपोरा लगे सोनार गांव के लगे सुरू भइल रहे।

अधिकारी लोग बतावल कि इलाका में घना हरियाली आ खड़ा ढलान होखला के चलते अतवार के देर रात ऑपरेशन रोके के पड़ल, काहे कि अन्हरिया में विजिबिलिटी आ मूवमेंट बहुते सीमित हो गइल रहे।

सोमार के सबेरे सेना, जम्मू-कश्मीर पुलिस आ अर्धसैनिक बलन के कइयन गो टीम ड्रोन आ स्निफर डॉग के मदद से इलाका के तलाशी ले रहल बाड़ी सऽ। संगही कड़ा सुरक्षा घेरा बनावल गइल बा, ताकि कवनो आतंकी भाग ना सके।

अधिकारी के अनुसार, पाकिस्तान स्थित जैश-ए-मोहम्मद (JeM) से जुड़ल दू से तीन आतंकी इलाका में फंसल मानल जा रहल बाड़ें सs। ऑपरेशन दिन के पहिला उजाला के संगे फेर से सुरू भइल आ आखिरी रिपोर्ट मिलला तक जारी रहल। हालांकि, फिलहाल आतंकियन से कवनो नया संपर्क नइखे हो सकल।

Read Also: Mumbai Mayor Election : मुंबई के मेयर के बनी? महायुति में सस्पेंस बरकरार, शिंदे से बातचीत के बीच सीएम फडणवीस दावोस पहुंचलें

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]