Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

होली स्पेशल ट्रेन : घर जाए में आसानी होई, रेलवे इ स्पेशल ट्रेन चलावे वाला बा, रूट अउरी टाइम टेबल के जांच करीं 

अबकी बेर होली में घरे जाए के काम रउरा खातिर बहुते आसान होखे वाला बा। भारतीय रेलवे होली के मौका पे बहुत विशेष ट्रेन चलावे के तैयारी कईले बा । हमनी के रउआ खातिर एह ट्रेनन के बारे में जानकारी लेके आइल बानी जा।

263

होली स्पेशल ट्रेन : घर जाए में आसानी होई, रेलवे इ स्पेशल ट्रेन चलावे वाला बा, रूट अउरी टाइम टेबल के जांच करीं 

 अबकी बेर होली में घरे जाए के काम रउरा खातिर बहुते आसान होखे वाला बा। भारतीय रेलवे होली के मौका पे बहुत विशेष ट्रेन चलावे के तैयारी कईले बा । हमनी के रउआ खातिर एह ट्रेनन के बारे में जानकारी लेके आइल बानी जा।

होली एगो अईसन तेवहार ह, जवना के हर व्यक्ति अपना परिवार के संगे मनावे के चाहेला है। रोजी-रोटी आ जीविकोपार्जन के तमाम मजबूरियन के चलते बहुते लोग जे अपना गांव घर से दूर रहेला । उ लोग के बस होली के मवका पे सबका से मिले के तमन्ना रहेला ईहे कारणों बा कि उ एह मवका के बड़ा बेसब्री से इंतजार करेला, बाकिर आमतौर प एह मवका के सबसे बड़हन परेशानी रेल टिकटन के लेके होला ।

यात्रियों के सुविधा खातिर भारतीय रेलवे हर साल होली के मवके पे बहुत जादे संख्या में स्पेशल गाड़ियन के ऐलान करेला । एह बार भी रेलवे यात्रियन के होखे वाली असुविधा के देखत देश के कई गो शहरन के जोड़त स्पेशल ट्रेनें चलवले बा। हमनी के आप सब के एह स्पेशल ट्रेनन के रूट, टाइम टेबल आ स्टॉपेज के बारे में जानकारी दे रहल बानी जा।

होली स्पेशल ट्रेन जवन रेलवे चलावे जा रहल बा  ओकर पूरा जानकारी रवा के नीचे दिहल जा रहल बा

ट्रेन नंबर 05577/05578 सहरसा आ अंबाला के बीचे चलावल जा रहल बा। गाड़ी संख्या 05577, 10 से 17 मार्च तक हरेक शुक्रवार आ मंगलवार के सहरसा से 19.10 बजे प्रस्थान करी। आ ईहे ट्रेन अगिला दिने 00.15 बजे अंबाला पहुंची। गाड़ी संख्या 05578 12 मार्च से 19 मार्च तक हरेक रविवार आ गुरुवार के अंबाला से सुबह 04.10 बजे चली। बख्तियारपुर, समस्तीपुर, दरभंगा, सीतामढ़ी, बैरगनिया, रक्सौल, नरकटियागंज, गोरखपुर आ सीतापुर कैंट स्टेशन पे रुकतs ई  ट्रेन अगिला दिने  09.45 बजे सहरसा पहुंची। बिहार के राजगीर आ सहरसा, दानापुर आ पटना अस शहरन से कई गो होली स्पेशल चलावल जा रहल बाड़ी स। ट्रेन नंबर 03251/03252 राजगीर से आनंद विहार के बीचे चलावल जा रहल बिया। होली स्पेशल गाड़ी 03251 10 मार्च से 24 मार्च तक हरेक शुक्रवार आ सोमवार के राजगीर से 20.00 बजे चल के कई गो स्टेशनन पs रुकतs  अगिला दिने दुपहरिया के  सवा तीन बजे आनंद विहार पहुंची। वापसी में ई ट्रेन गाड़ी संख्या 03252 बनिके 11 मार्च से 25 मार्च तक हरेक शनिवार आ मंगलवार के आनंद विहार से चली। एकर प्रस्थान समय 23.30 बजे होई। छोट-बड़ कई गो स्टेशनन पs रुकत ई ट्रेन अगिला दिने 19.30 बजे राजगीर पहुंची। ई बिहार शरीफ, बख्तियारपुर, पटना, दानापुर, आरा, बक्सर, पंडित दीन दयाल उपाध्याय जंक्शन, प्रयागराज आ कानपुर सेंट्रल स्टेशन पs रुकी। होली स्पेशल 05269 मुजफ्फरपुर-बलसाड 9 मार्च से 16 मार्च तक हरेक गुरुवार के मुजफ्फरपुर से रात 20.10 बजे छूटी। दु दिन के जत्रा के बाद ई शनिवार  के दुपहरिया में 12.30 बजे बलसाड पहुंची। वापसी में ई ट्रेन 05270 बनिके 12 मार्च से 19 मार्च तक बलसाड से छूटी। मंगलवार के भोरे 02.30 बजे ई मुजफ्फरपुर पहुंची। ट्रेन नंबर 09193 सूरत-करमाली एक्सप्रेस मंगलवार, 07 मार्च 2023 के सांझ के 19.50 बजे सूरत से रवाना होई। ट्रेन अगिला दिन 10.25 बजे करमाली पहुंची। ट्रेन सं. 09194 करमाली-सूरत स्पेशल विशेष किराया के संगे (साप्ताहिक) बुधवार, 08 मार्च 2023 के करमाली से 16:20 बजे प्रस्थान करी। ट्रेन अगिला  दिने 08:00 बजे सूरत पहुंची। ई ट्रेन वलसाड, वापी, पालघर, वसई रोड, भिवंडी रोड पs रुकी। गोरखपुर से अमृतसर स्पेशल एक्सप्रेस 05005 गोरखपुर से 3 आ 10 मार्च के दोपहर 2:40 बजे प्रस्थान करी। 05006 अमृतसर से 4 आ 11 मार्च के दुपहर 12:45 बजे छूटी। ट्रेन नंबर 05053 गोरखपुर बांद्रा एक्सप्रेस गोरखपुर से 4 मार्च आ 11 मार्च के भोरे 4:10 बजे छूटी। उहे वापसी में ई ट्रेन 05054  सुपर फास्ट एक्सप्रेस बांद्रा से 4 आ 11 मार्च के सांझ के 7:25 बजे छूटी। गोरखपुर से एर्नाकुलम एक्सप्रेस ट्रेन संख्या 05303, गोरखपुर से 4 आ 11 मार्च के भोरे 8:30 बजे प्रस्थान करी। 05304 एर्नाकुलम से 6 आ 13 मार्च के भोरे 11:55 बजे छूटी।

ई तमाम गाड़ियन के अलावा भारतीय रेल कुछ अउर भी ट्रेनन के चलावे जा रहल बा। जईसे-जईसे एह लिस्ट में गाड़ियन के संख्या जुड़त जाई, हमनी के रवा सब के एकरा बारे में जानकारी देत जाइब जा।

463110cookie-checkहोली स्पेशल ट्रेन : घर जाए में आसानी होई, रेलवे इ स्पेशल ट्रेन चलावे वाला बा, रूट अउरी टाइम टेबल के जांच करीं 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.