Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार के स्वास्थ्य सेवा के हाल: कैमूर में युवक के संगे अस्पताल कईलस घात,भईल गलत ऑपरेशन, पीड़ित कईलस केस

बिहार के सरकारी स्वास्थ्य सेवा के हाल सागरो जगजाहिर बा ,केहू एकरा से पीछा छोड़ावे के खातिर निजी अस्पतालन के शरण में जाला तs केहू एह सिस्टम के शिकार बन जाला टटका घटना कैमूर जिला के बा जहां एगो आदमी एह सिस्टम आ बदइंतजामी के शिकार भईल बा।

845

बिहार के सरकारी स्वास्थ्य सेवा के हाल सागरो जगजाहिर बा ,केहू एकरा से पीछा छोड़ावे के खातिर निजी अस्पतालन के शरण में जाला तs केहू एह सिस्टम के शिकार बन जाला टटका घटना कैमूर जिला के बा जहां एगो आदमी एह सिस्टम आ बदइंतजामी के शिकार भईल बा।

बिहार के सरकारी स्वास्थ्य सेवा के हाल सागरो जगजाहिर बा ,केहू एकरा से पीछा छोड़ावे के खातिर निजी अस्पतालन के शरण में जाला तs केहू एह सिस्टम के शिकार बन जाला टटका घटना कैमूर जिला के बा जहां एगो आदमी एह सिस्टम आ बदइंतजामी के शिकार भईल बा।

बिहार सरकार से स्वास्थ्य सेवा के बेहतरी के आशा कईले एकदम बेकार बा ,जहां बड़का लोग आ वीआईपी लोग खातिर बड़का- बड़का अस्पतालन के लमहर लाइन बा ओहिजे सरकारी स्वास्थ्य सेवा के हाल अभियो लचर बा आ एकर खामियाजा आमजन के हरमेस झेले के परेला ।भले नीतीश कुमार पिछला 15 साल से मुख्यमंत्री के कुर्सी पे बईठ के सुसाशन के ढ़ोल पिटत होखसू बाकिर ई सांच बात बा कि उ बिहार में एगो बेहतर स्वास्थ्य सेवा के ढांचा नईखन तईयार कई पवले ।
बिहार के सरकारी स्वास्थ्य सेवा के हाल सागरो जगजाहिर बा ,केहू एकरा से पीछा छोड़ावे के खातिर निजी अस्पतालन के शरण में जाला तs केहू एह सिस्टम के शिकार बन जाला टटका घटना कैमूर जिला के बा जहां एगो आदमी एह सिस्टम आ बदइंतजामी के शिकार भईल बा। जानकारी के अनुसार कैमूर जिला के चैनपुर प्रखंड के बा जहां एगो आदमी के संगे अस्पताल के डॉक्टर बाबू गलत अपरेशन कई देले बाड़े।
एगो डॉ के लापरवाही के कारन से उ युवक ना कबो दूल्हा बन पाई आ ना कबो बाप ।मामला चैनपुर स्वास्थ्य विभाग के बा , एहिजा एगो डॉ पs आरोप लागल बा कि उ एगो युवक के बेमारी के दूर करे के जगहा पs ओकर नसबंदी के ऑपरेशन कई दिहले । युवक हाइड्रोसील के ऑपरेशन करावे खातिर आईल रहे, बाकिर डॉक्टर साहब ओकर नसबंदी कई देले । बाद में जब ई बाती जब परिवार के लोगन के पाता चलल तs परिवार वाला लोग बड़ा परेशान हो गइल आ लोगन में एकरा के लेके बड़ा खीस आ गइल. पूरा मामला थाना तक पहुंचल आ परिवार अब न्याय के गुहार लगा रहल बा ।

थाना पहुंचल परिवार

 

कुछ समय पहिलहीं एहिजा नया चिकित्सा प्रभारी डॉ सुनील कुमार  प्रभार सम्हरले बाड़े । नसबंदी मामिला में पूर्व चिकित्सा पदाधिकारी डॉ राज नारायण प्रसाद आ अउरी कर्मचारियन पs गाज गिर सकत बा । ओने, एह ममिला में परिवार वाला लोग  चैनपुर थाना के सूचित कइले बा आ न्याय के संगे करवाई करे के मांग कइले बा । आवेदन में बतावल गइल बा कि चैनपुर के जगरिया गांव के राम दहीन सिंह यादव के लईका मनका यादव के हाइड्रोसील काफी बढ़ गईल रहे जवना के ईलाज खातिर आशा कार्यकर्ता के बोलले रहे ताकि ओकरा सहयोग से निशुल्क आ सुलभ ढंग से इलाज हो सके। बाकिर एगो डॉक्टर के लापरवाही के चलते ओह नवहा के सौंसे  जिनगी तबाह हो गईल

हाइड्रोसील के ऑपरेशन के जगहा कई दिहले नसबंदी

 

ओने उ, नवहा आशा कार्यकर्ता के माध्यम से चैनपुर अस्पताल पहुंचल जहां ओकर चिकित्सक लोगन के हाइड्रोसील के ऑपरेशन करे के रहे, बाकीर ओकर नसबंदी कई दिहल गईल जवना से ओकर जिनगी एकदम चउपट हो गईल । नवहा के नसबंदी होखला के जब  जानकारी दिहल गइल तs ओकर होश उड़ गईल जबकि ओने चिकित्सक डॉ राज नारायण प्रसाद  बतवले कि ई आरोप एकदम सरासर गलत बा । युवक जानकारी देके ही नसबंदी भईल बा

शख्स बोलल कईसे बनी दूल्हा कईसे होई बियाह?

 

मनका यादव बतवले कि हमार हाइड्रोसील बढ़ गइल रहे जवना के लेके  सरकारी अस्पताल में ऑपरेशन करावे आइल रहनी । ऑपरेशनो भईल बाकिर हाइड्रोसील के जगहा पs नसबंदी कई दिहल गईल ।अब कईसे  हमार बियाह होई आ कईसे दूल्हा बनबs? डॉ हमार जिनगी बर्बाद कई देले बाड़े । हम अब पुलिस से न्याय के गुहार लगा रहल बानी ताकि जल्दिए  एह  ममिला में कार्रवाई हो सके ।

463160cookie-checkबिहार के स्वास्थ्य सेवा के हाल: कैमूर में युवक के संगे अस्पताल कईलस घात,भईल गलत ऑपरेशन, पीड़ित कईलस केस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.