बरौनी से बलसाड के बीच चली होली स्पेशल ट्रेन : 19 आ 21 मार्च के एक फेरा लगाई, छपरा के यात्रियन के होई आसानी

khabar Bhojpuri Desk
प्रतिकात्मक तस्वीर।

रेलवे प्रशासन होली पs वलसाड-बरौनी-वलसाड होली विशेष ट्रेन बनाके चलावे के निर्णय लेले बा। गाड़ी बलसाड से 19 मार्च के आ बरौनी से 21 मार्च के एक फेरा खातिर चली। जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार बतवलें कि गाड़ी संख्या 09061 वलसाड-बरौनी होली विशेष गाड़ी 19 मार्च के वलसाड से 02:15 बजे प्रस्थान करी।

एकरा बाद सूरत, बड़ोदरा, रतलाम आदि जगहन से होत बरौनी 18:00 बजे पहुंचेगी। ओहिजा वापसी यात्रा में गाड़ी संख्या 09062 बरौनी-वलसाड होली विशेष गाड़ी 21 मार्च के बरौनी से 12:15 बजे खुलके कोटा, रतलाम होत 03:45 बजे वलसाड पहुंची।

Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।