गोरखपुर-रांची स्पेशल होली ट्रेन के होई संचालन : बढ़त यात्रियन के भीड़ के देख सीवान रेलवे स्टेशन से गुजरी ई ट्रेन

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 17, 2024

होली के अवसर पs यात्रियन के बढ़त भीड़ के धेयान में रखत सीवान रेलवे स्टेशन से होके गुजरे वाला गोरखपुर-रांची होली स्पेशल ट्रेन के संचालन कइल जाई। पूर्वोत्तर रेलवे के जनसंपर्क अधिकारी अशोक कुमार बतवलें

Share

होली के अवसर पs यात्रियन के बढ़त भीड़ के धेयान में रखत सीवान रेलवे स्टेशन से होके गुजरे वाला गोरखपुर-रांची होली स्पेशल ट्रेन के संचालन कइल जाई। पूर्वोत्तर रेलवे के जनसंपर्क अधिकारी अशोक कुमार बतवलें कि होली के अवसर पs झारखंड के धनबाद, रांची से बिहार में आवे वाला लोगन के संख्या बढ़ जात बा। एही के धेयान में रखत सीवान से गुजरे वाली ट्रेन के संचालन कइल जा रहल बा।

गाड़ी संख्या 08821 रांची से गोरखपुर के बीच 22 मार्च के चलाई जाई। ई ट्रेन धनबाद, कियूल, मोकामा होत पटना, छपरा के रास्ते सीवान होत गोरखपुर के जाई। ई ट्रेन रात के 9:45 में रांची से खुली। जवन अगिला दिन 1:30 बजे सीवान रेलवे स्टेशन पs पहुंची।

गाड़ी संख्या 08822 गोरखपुर से रांची खातिर 24 मार्च के खुली। गोरखपुर से सबेरे पांच बजे ट्रेन खली जवन सीवान रेलवे स्टेशन पs 6:55 पs पहुंची। विभिन्न रेलवे स्टेशन से होत रांची जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.