इजराइल गाजा बॉर्डर पs कब्जा कइलस: सेना रात में 200 टारगेट्स पs हमला कइलस, नेतन्याहू बोललें- अइसन कीमत वसलेम सs कि पीढ़ियन तs इयाद रही 

khabar Bhojpuri Desk

इजराइल-हमास के बीच आज जंग के चउथा दिन बा। टाइम्स ऑफ इजराइल के मोताबिक, इजराइल के सेना घोषणा कइलस कि ऊ गाजा के बॉर्डर पs कब्जा कs लेले बा। सेना बतवलस कि रातभर में ऊ गाजा में 200 जगहन के निशाना बनवले बा। जंग में इजराइल के करीब 123 सैनिकन के अब तक मौत हो चुकल बा।

दूसरका तरफ हमास के हमलन में थाईलैंड के अब तक 18 नागरिकन के मौत हो चुकल बा। सोमार के इजराइल के रक्षा मंत्री पूरा गाजा पट्टी पs कब्जा के आदेस देले रहस। एकरा बाद रात भर इजराइल गाजा पs हमला कइलस। जवाब में हमास धमकी देले बा कि ऊ इजराइल से पकड़ल करीब 150 बंधकन के हत्या कs दी।

नेतन्याहू बोललें- हमनी पs जंग थोपल गइल, अब एकरा के हमनिये के खत्म करेम सs 

दूसरका तरफ, जंग के बीच इजराइल के प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू कहलें कि हमास हमनी पसे हमला कs के सबसे बड़ गलती कइले बा। हमनी के एकर अइसन कीमत वसूलेम सs, जवन हमास आ इजराइल के बाकी दुश्मनन के पीढ़ी दशकन तक इयाद रखी।

PM नेतन्याहू कहलें- हमनी के युद्ध ना चाहत रही सs। हमनी पs बहुत क्रूर तरीका से ई थोपा गइल। हमनी के भलही युद्ध सुरू नइखी सs कइले, बाकिर एकर अंत हमनिये के करेम सs। इजराइल खाली अपना लोगन खातिर ना बलुक बर्बरता के खिलाफ ठाड़ हर देस खातिर लड़ रहल बा।

7 अक्टूबर से सुरू भइल एह जंग में अब तक कुल 1,587 लोगन के मौत हो गइल रहे। इजराइल में 900 लोग मारल गइल बा, जबकि 2,300 लोग घायल बा। ओहिजा गाजा पट्टी में 140 लईकन समेत 687 फिलिस्तीनी मारल गइल बा लो। ओहिजा 3,726 लोग घायल भइल बा। एकरा अलावे इजराइल के सेना अपना क्षेत्र में 1500 हमास के लड़ाकन के मार गिरवले बा।

Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।