[the_ad_group id="30365"]

हमास, इजरायल पs दगलस 5000 से अधिका रॉकेट, इजरायली सेना गाजा पट्टी पs कइलस भीषण पलटवार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हमास के आतंकवादी इजरायल पs पाँच हजार से अधिका रॉकेट चलावे के दावा कइले बाड़न। एकरा साथे साथ इजरायली सेना के कहना बा कि ऊ गाजा पट्टी के कुछ निशाना पs निशाना बना के हमला कs रहल बिया। आतंकी समूह हमास इजरायल के खिलाफ नया सैन्य अभियान के एलान कइला के बाद यरूशलम में हवाई हमला के चेतावनी देबे वाला सायरन बाजल। इजरायल के एंटी रॉकेट सिस्टम तैनात कइला के बाद कम से कम तीन गो विस्फोट के आवाज सुनाई पड़ल। एकरा से पहिले हमास के सैन्य विंग के एगो नेता एगो नाया सैन्य अभियान के तहत इजरायल पs पांच हजार से जादे रॉकेट चलावे के दावा कईले रहले।

गाजा पट्टी में काम करे वाला फिलिस्तीनी आतंकवादी शनिचर के सबेरे इजरायल के ओर दर्जनों रॉकेट चला दिहले जवना से देश भर में हवाई हमला के अलर्ट सायरन बज उठल। आतंकियन के चलावल रॉकेट के बाद युद्ध के संभावना बढ़ल लउकत बा। गाजा पट्टी के आसमान में इजरायल के ओर चलेवाला रॉकेट के आवाज़ गूँजत रहे, जबकि उत्तर में करीब 70 किलोमीटर दूर देश के आर्थिक अवुरी सांस्कृतिक राजधानी तेल अवीव में भी इजरायल के हवाई हमला से सचेत करेवाला सायरन के आवाज़ सुनाई देलस। इजरायल के मैगन डेविड एडोम बचाव एजेंसी के कहना बा कि दक्षिण इजरायल में एगो इमारत से रॉकेट से टकरा के एगो 70 बरीस के औरत गंभीर रूप से घवाहिल हो गइल।

इजरायल आ फिलिस्तीन के बीच टक्कर

एजेंसी के मुताबिक एकरा अलावे एगो 20 साल के युवक के रॉकेट के छर्रा मामूली चोट पहुंचल बा। इजरायल के ओर से तुरंत कवनो प्रतिक्रिया ना मिलल। हालांकि एकरा बाद इजरायली सेना रॉकेट के गोलीबारी के जवाब में भारी हवाई हमला कईलस। जवना के चलते युद्ध के खतरा देखाई देता। इजरायल रॉकेट चलावे खातिरआतंकवादी समूह के जिम्मेदार ठहरवलस। इजरायल के जवाबी हमला से गाजा पट्टी के बहुते नुकसान होखे के उमेद बा। नुकसान के बारे में अबे ले कवनो जानकारी नईखे मिलल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]