[the_ad_group id="30365"]

Operation Ajay: इस्राइल से 212 भारतीयन के लेके पहिला विमान पहुंचल दिल्ली, सब लोग भारत सरकार के कइले धन्यवाद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

इजरायल में फंसल भारतीयन के पहिला बैच विशेष उड़ान से नई दिल्ली चहुँप गइल बा। पहिला बैच में महिला, बुजुर्ग अवुरी बच्चा समेत कुल 212 लोग भारत पहुंचल बाड़े। दिल्ली पहुंचते लोग भारत सरकार के धन्यवाद देले। उ कहतारे कि हम अब अपना देश में बानी, हम बहुत खुश महसूस करतानी। बता दीं कि शनिचर के सबेरे हमास इजरायल पs हमला कइलस जवना के बाद दुनु देश के बीच लड़ाई अबहियो चलत बा। ए हमला में दुनो ओर से करीब 2500 लोग के मउत हो चुकल बा। एही बीच भारत सरकार इजरायल में फंसल भारतीयन के भारत ले आवे खातिर ऑपरेशन अजय शुरू कs दिहले बिया।

इजरायल से भारत खातिर उड़ान भरला से पहिले ई खास भारतीय छात्र कहले रहले कि हम भारत जात बानी. हम बहुत खुश बानी। इहाँ सब कुछ बहुत डरावना हो गईल बा। हम घरे जाए वाला बानी। भारत सरकार के धन्यवाद जे हमनी के सुरक्षित बाहर निकाल दिहलस। एकरा अलावे तेल अवीव विश्वविद्यालय में इलेक्ट्रिकल इंजीनियरिंग के पढ़ाई करेवाला हर्ष कहले कि अब उनुका राहत मिलता। हमनी के खुशी बा कि मोदी सरकार ऑपरेशन अजय शुरू कइलस, जवना के माध्यम से हमनी के घर तक पहुंचे के मौका मिली। सरकार मदद कs रहल बिया। इहाँ के हालात के चलते माता-पिता के चिंता जादे रहे। हालांकि अब हमरा के घरे देख के उ बहुत खुश होईहे।

इजरायल में भारतीय राजदूत संजीव सिंगला कहले कि इजराइल में भारतीय दूतावास इहाँ फंसल भारतीयन के मदद कर रहल बा। भारतीय यात्री के पहिला बैच गुरुवार के तेल अवीव से भारत खातिर उड़ान भरले। पहिला बैच में 212 लोग शामिल रहले। भारतीय दूतावास ओह लोग के मदद करी जे भारत जाए के चाहत बा। एकरा खातिर गुरुवार से रजिस्ट्रेशन शुरू हो गईल बा। भारतीय नागरिकन खातिर हेल्पलाइन बनावल गइल बा। संघर्ष के देखत एक दिन पहिले 24 घंटा चलेवाला कंट्रोल रूम बनावल गईल रहे।

दूतावास भारतीय कंपनियन आ नागरिकन से संपर्क

तेल अवीव में भारतीय दूतावास के डिप्टी चार्ज डी अफेयर्स राजीव बोडवाडे आ वाणिज्यिक प्रतिनिधि नवीन रामकृष्ण इजरायल में भारतीय कंपनियन से संपर्क क के हर संभव मदद के भरोसा दिहले बाड़न। कंपनी, भारतीय अवुरी छात्र के देश वापसी खातीर उपलब्ध उड़ान के बारे में ईमेल के माध्यम से जानकारी दिहल जाता। भारतीयन के ले आवे खातिर वायुसेना के परिवहन विमानन के स्टैंडबाई पs राखल गइल बा। जरूरत पड़ला पs एह विमान के इजरायल भेज दिहल जाई।

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]