[the_ad_group id="30365"]

हेलो ट्विटर यूजर: एलन मस्क सबसे लीहें पइसा, बिना आठ डॉलर दिहले नाइ कs पाइब इस्तेमाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Twitter के नयका मालिक एलन मस्क पूरा फॉर्म में बानें। दुनिया के बड़-बड़ एक्सपर्ट भी एलन मस्क के आठ डॉलर वाले फैसला के विरोध कs रहल बानें लेकिन एलन मस्क लगातार कह रहल बानें कि चाहे कुछ भी कs लs, आठ डॉलर त देवही के पड़ी। अब एगो नयका रिपोर्ट में दावा कइल जा रहल बा कि एलन मस्क सब Twitter यूजर्स से पइसा वसूलिहें।

न्यूज वेबसाइट Platformer के एगो रिपोर्ट में दावा कइल जा रहल बा कि एलन मस्क सब ट्विटर यूजर्स से शुल्क लेहले के प्लानिंग कर रहल बानें। कहल जा रहल बा कि ट्विटर के सब यूजर्स के Twitter ब्लू सर्विस लेवे के होई। एह संबंध में हाल ही में Twitter के कर्मचारियन के साथ एलन मस्क के एगो मीटिंग भी भइल बा।

शुरुआत में कुछ दिन ले आप Twitter के इस्तेमाल फ्री में कs पाएब, लेकिन एक महीना बाद आपके ट्विटर की पेड सर्विस ट्विटर ब्लू के सब्सक्रिप्शन लेवही के पड़ी। कहल जा रहल बा कि एलन मस्क जल्दिए नया वेरिफिकेशन फीचर भी पेश करे वाला बानें।

Twitter ब्लू सब्सक्रिप्शन के संगे फ्री में मिली ब्लू टिक

Twitter के नयका मालिक एलन मस्क कहले बानें कि ट्विटर ब्लू सब्सक्राइबर्स के ब्लू टिक ऑटोमेटिक मिली, जबकि पहिले ई खाली पत्रकार, संस्था, सेलेब्रिटी अउर पब्लिक फिगर के मिलत रहे। हालांकि पहिले ई फ्री रहल अउर अब ई शुल्क आधारित हो गइल बा। अमेरिकी यूजर्स से ट्विटर ब्लू खातिर मासिक तौर पर 7.99 डॉलर यानी करीब 656 रुपया वसूलल जाई। भारत में एकर का कीमत होई, एह संबंध में फिलहाल कौनो जानकारी नइखे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]