[the_ad_group id="30365"]

नेपाल में क्रैश भइल हेलीकॉप्टर, 5 यात्रियन के दर्दनाक मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

नेपाल के नुवाकोट में एगो हेलीकॉप्टर दुर्घटना के शिकार भइल बा. सवार पांचों यात्री के मउत हो गईल बा। बतावल जाता कि रसुवा जाए वाला एs हेलीकाप्टर में खाली पांच लोग सवार रहले। एकरा में चीन के चार नागरिक भी शामिल रहले। हाल ही में 24 जुलाई के नेपाल के त्रिभुवन अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पs एगो विमान दुर्घटनाग्रस्त भइल रहे जवना में 18 लोग के मउत हो गइल रहे। ई हेलीकाप्टर महज कुछ दिन बाद दुर्घटनाग्रस्त हो गइल.  एहसे पता चलत बा कि खराब प्रबंधन के चलते नेपाल में विमान दुर्घटना बहुते आम हो गइल बा. मौका पs राहत अवुरी बचाव के काम चलता।

बतावल जाता कि इs घटना आज भईल बा। जानकारी के मुताबिक, नेपाल के नुवाकोट के शिवपुरी इलाका में एs हेलीकॉप्टर के दुर्घटना भईल। जहाज पs सवार सभे 5 लोग के मौत हो गईल। त्रिभुवन अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा के एगो सूत्र हिमालयन टाइम्स के बतवले कि हेलीकाप्टर काठमांडू से उड़ान भरले रहे अवुरी सयाफ्रुबेन्सी जाए के रास्ता में दुर्घटनाग्रस्त हो गईल।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]