बेलगावी में फैक्ट्री में लागल भीषण आग, कर्मचारी भागके बचवले जान 

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 7, 2024

  कर्नाटक के बेलगावी में स्नेहम नाम के फैक्ट्री में भारी आग लाग गईल। सेलो टेप के निर्माण फैक्ट्री में होला। कर्मचारी भीतर काम करत रहले, एही बीच आग लाग गईल। सभ कर्मचारी खतम हो

Share

 

कर्नाटक के बेलगावी में स्नेहम नाम के फैक्ट्री में भारी आग लाग गईल। सेलो टेप के निर्माण फैक्ट्री में होला। कर्मचारी भीतर काम करत रहले, एही बीच आग लाग गईल। सभ कर्मचारी खतम हो गईले, बाकिर अबे ले इs साफ नईखे कि सभ कर्मचारी सुरक्षित निकलले कि ना। आग लगला के बाद आग के लपट उठत बा। फायर ब्रिगेड के आग के जानकारी मिलला के बाद मौका पs फायर टेंडर मौजूद रहे।

स्थानीय रिपोर्ट के मुताबिक एक पाली में 60-70 मजदूर काम करेले। आग लागे के कारन के बारे में अबे ले पता नईखे चलल। प्रशासन कवनो स्थिति से निपटे खातिर सतर्क बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.