[the_ad_group id="30365"]

5 अइसन कारण जवन बढ़ावेला Male Infertility के समस्या, पिता बने के सपना तुड़ सकत बा एकर अनदेखी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इनफर्टिलिटी (Infertility) एगो अइसन मुद्दा हs, जवना के खुलके चरचा करे में आजो संकोच कइल जाला। खास तौर से मेल इनफर्टिलिटी (Male Infertility) माने पुरुष नपुंसकता के बारे में खुलके बात ना होखे के कारण कइयन लोगन के एकरा से जुड़ल जरूरी आ सटीक जानकारी के अभाव रहेला आ समय रहते एकर सही इलाज करे में देरी हो जाला।

भारत में तेजी से मेल इन्फर्टिलिटी के केस बढ़त जा रहल बा। लगभग हर छव में से एगो कपल इनफर्टिलिटी के शिकार हो रहल बा आ एहुमे अधिकतर मेल इमफर्टिलिटी जादे रहेला। अइसन में जरूरत बा मेल इनफर्टिलिटी के संकेत, लक्षण आ निदान के सटीक जानकारी के। अइसन में आजे आर्टिकल में हमनी के रउआ के बताएम सs बढ़त मेल इनफर्टिलिटी के कारणन के बारे में-

लो स्पर्म काउंट

संभव बा कि पुरुषन के स्पर्म काउंट के संख्या कम होखे। एगो टिपिकल स्पर्म के सैंपल में मिलियन स्पर्म पावल जाला, बाकिर, एकर संख्या कम होखे से मेल इनफर्टिलिटी घटेला।स्पर्म के क्वालिटियो कंसीव करे में बहुत मायने रखेला।

रिप्रोडक्टिव सिस्टम में समस्या

मेल रिप्रोडक्टिव सिस्टम में वेरिकोसील (स्क्रोटम में बढल वेन) जइसन आम समस्या के कारण मेल इनफर्टिलिटी के समस्या उत्पन्न हो सकत बा।

इन्फेक्शन

वायरल भा बैक्टीरियल इन्फेक्शन के कार स्पर्म के क्वालिटी में गिरावट आवेला। एह इन्फेक्शन में एपिडिडाइमिस के संक्रमण, सेक्सुअली ट्रांसमिट डिजीज जइसन गोनोर्हिया आ एचआईवी सामिल बा।

वातावरण

वातावरण में मवजूद कुछ फैक्टर स्पर्म के प्रोडक्शन आ एकर क्वालिटी के कम करेला। हीट, इंडस्ट्रियल टॉक्सिन, केमिकल, लीड जइसन हैवी मेटल एक्सपोजर, एक्सरे भा रेडिएशन, सौना भा हॉट टब के लगातार इस्तेमाल कुछ अइसन फैक्टर बा, जवन स्पर्म काउंट आ क्वालिटी में गिरावट कs सकत बा।

इजेकुलेशन डिसऑर्डर

रिट्रोगेड इजेकुलेशन जइसन इस्थिति, जेमे सीमेन पीनिस से बाहर निकलला के जगह ब्लैडर में चल जात बा कि समय से पहले इजेकुलेशन जइसे प्रीमैच्योर इजेकुलेशन कहल जात बा, ई स्पर्म के एग तक पहुंचे में असमर्थ बना देला, जवना से मेल इनफर्टिलिटी बढ़ेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]