Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Hing and Ghee Benefits: पेट के अइठन आ दरद के दूर करे में फायदेमंद होला हींग आ घी, जानीं एकर अद्भुत फायदा

Hing and Ghee Benefits: हींग आ घी के एक संगे सेवन कइल स्वास्थ्य खातिर बहुते फायदेमंद होला। हींग आ घी कइयन गो पोषक तत्वन के गुणन से भरपूर होला। हींग आ घी के एक साथे सेवन कइला से पेट से जुड़ल समस्या से राहत पावे में मदद मिलेला

3,325

Hing and Ghee Benefits: हींग आ घी के सेवन करे से सेहत के कइयन तरे के लाभ मिलेला। हींग आ घी कइयन तरे के पोषक तत्वन के गुण से भरपूर होला। बाकिर जब हींग आ घी के एक संगे सेवन कइल जाला तs लाभ दुगुना बढ़ जाला। घी में भरपूर मात्रा में विटामिन ए, विटामिन के, प्रोटीन आ एंटीऑक्सीडेंट जइसन पोषक तत्व पावल जाला। तs ओहिजा हींग में प्रोटीन, फाइबर, कैल्शियम, फास्फेरस, आयरन, कैरोटीन, राइबोफ्लोविनआ कार्बोहाइड्रेट के भरपूर गुण पावल जाला, जवन देह खातिर फायदेमंद होला। हींग आ घी के एक साथे सेवन कइला से पेट से संबंधित समस्या दूर होला। संगही एकर साथे सेवन कइला से हड्डियन के मजबूती मिलेला। तs आई जानल जाव हींग आ घी के एक साथे सेवन कइला से सेहत के मिले वाला फायदन के बारे में…

हींग आ घी के फायदा

1.पेट के अइठन आ दरद से राहत दिलावे में फायदा

पेट के अइठन आ दरद से राहत पावे खातिर हींग आ घी के एक साथे सेवन कइल बहुते फायदेमंद होला। हींग आ घी में फाइबर भरपूर मात्रा में पावल जाला, जवन पेट से संबंधित समस्यन से राहत दिलावेला। एह दुनु के एक साथे सेवन कइला से पेट के अइठन आ दरद से जल्दिये आराम मिलेला।

2. हड्डियों के मजबूत बनावे में फायदेमंद

हड्डियन के मजबूत बनावे खातिर हींग आ घी के एक साथे सेवन कइल बहुते फायदेमंद होला। हींग आ घी में कैल्शियम पावल जाला, जवन हड्डियन के मजबूत बनावे में मदद करेला। संगही ई हड्डियन के सेहत खातिर बहुते फायदेमंद होला।

3. इम्यूनिटी सिस्टम के मजबूत बनावे में फायदेमंद

इम्यूनिटी सिस्टम के मजबूत बनावे खातिर हींग आ घी के एक साथे सेवन कइल बहुते फायदेमंद होला। हींग आ घी में विटामिन सी आ एंटीऑक्सीडेंट पावल जाला, जवन इम्यून सिस्टम के मजबूत करे में मदद करेला।

4. माथा के दरद से राहत दिलावे में फायदेमंद

माथा के दरद से राहत दिलावे में हींग आ घी के एक साथे सेवन कइल बहुते फायदेमंद होला। काहेकि हींग आ घी में एंटीऑक्सीडेंट आ एंटी-इंफ्लेमेटरी गुण पावल जाला, जवन मस्तिष्क के रक्त वाहिका के शांत क के माथा के दरद में राहत दिलावेला।

नोट- आर्टिकल में सुझावल गइल टिप्स आ सलाह खाली सामान्य स्तर के जानकारी देत बा। एकर इस्तेमाल करे से पहिले कवनो विशेषज्ञ भा चिकित्सक से सलाह जरूर लीं। ‘खबर भोजपुरी’ एकरा खातिर उत्तरदायी नइखे।

327190cookie-checkHing and Ghee Benefits: पेट के अइठन आ दरद के दूर करे में फायदेमंद होला हींग आ घी, जानीं एकर अद्भुत फायदा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.