Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पोलियो के दवा सुरक्षित आ असरदार, 19 सितम्बर से घरे-घरे जाके पोलियो के दवा पिलाई पल्स पोलियो के टीम

मुख्य विकास अधिकारी, एडी हेल्थ आ सीएमओ जिला महिला अस्पताल से कइल लो अभियान के शुभारंभ

4,284

गोरखपुर। पल्स पोलियो के दवा सुरक्षित आ असरदार बा। एकरा प्रति मिथक आ भ्रांतियन के कारण पड़ोसी देश पाकिस्तान आ अफगानिस्तान में पोलियो के उन्मूलन ना हो सकल, जबकि भारत में पोलियो उन्मूलन संभव हो गइल। चूंकि पड़ोसी देशन में पोलियो के वायरस मवजूद बा, एहिसे एहतियातन भारतो में हर जीरो से पांच बरिस तक के लईकन के पोलियो से पूर्ण प्रतिरक्षित कइल जाइल अनिवार्य बा। एहिसे हर अभिभावक के दायित्व कि ऊ अपना लईकन के पोलियो के दवा जरूर पिलावस। ई जानकारी मुख्य विकास अधिकारी संजय कुमार मीना जिला महिला अस्पताल से पल्स पोलियो अभियान के शुभारंभ करते देले । ऊ बतवले कि 19 से 23 सितंबर तक घरे-घरे जाके स्वास्थ्य विभाग के टीम पोलियो के  दवा पिलाई। अभियान के शुभारंभ सीडीओ के संगे-संगे एडी हेल्थ डॉ आईबी विश्वकर्मा आ सीएमओ डॉ आशुतोष कुमार दूबे दर्जनन लईकन के पल्स पोलियो ड्राप पिला के कइले। अधिकारीगण जिला महिला अस्पताल में स्थापित कोल्ड चेन प्वाइंट के निरीक्षण कइले।

मुख्य विकास अधिकारी बतवले कि अभियान के सफल बनावे खातिर जिलाधिकारी कार्यालय के तरफ से समस्त उप जिलाधिकारी, बेसिक शिक्षा विभाग, आईसीडीएस, जिला पूर्ति अधिकारी, नगर निकायन से संबंधित अधिकारियन आ जिला पंचायती राज अधिकारी के पत्र भेजल गइल बा। एह पत्र के माध्यम से दिहल गइल दिशा-निरदेसन के अनुसार स्कूलन में बूथ दिवस प रैली निकालल गइल बा आ पल्स पोलियो अभियान के प्रति जागरूकता के संदेश दिहल गइल।  आईसीडीएस विभाग से कहल गइल बा कि आंगनबाड़ी केंद्रन के तीन से पांच बरिस तक के लईकन के केंद्र प दवा पिलवाई, जबकि तीन बरिस से कम आयु के लईकन के माई के प्रेरित क के दवा पिलावल जाव। राजस्व विभाग, आपूर्ति विभाग, पंचायती राज विभाग आ नगर निकाय से जुड़ल लोगन से इंकारी परिवारन के प्रेरित क के उनकर लईकन के पोलियन के दवा पियवावे के कहल गइल बा।

मुख्य चिकित्सा अधिकारी डॉ आशुतोष कुमार दूबे बतवले कि पोलियो के टीका नियमित टीकाकरण कार्यक्रमो में शामिल बा। पल्स पोलियो के ड्रॉप जनम के समे पs दिहल जाला। एकरा अलावे छव, दस आ चौदह सप्ताह प ई ड्रॉप पिलावल जाला। एकर बूस्टर खोराक सोरे से चउबीस महीना के उमिरो में दिहल जाला। भारत सरकार के नेशनल हेल्थ पोर्टल प 23 अक्टूबर 2018 के प्रकाशित एगो रिपोर्ट के मोताबिक पोलियो के दु सौ संक्रमणन में से एगो संक्रमण अपरिवर्तनीय पक्षाघात (आमतौर प गोड़ में) में बदल जाला। अइसन पक्षाघात पीड़ित में से पांच से दस फीसदी के मौत हो जाला। अइसन में एह जटिल बीमारी के प्रति संपूर्ण प्रतिरक्षण बहुते जरूरी बा।

सीएमओ बतवले कि जिला में अतवार के आयोजित बूथ दिवस प 2159 बूथन पोलियो के दवा पिलावल गइल। उद्घाटन अवसर प जिला प्रतिरक्षण अधिकारी डॉ नंदलाल कुशवाहा, डिप्टी सीएमओ डॉ एके सिंह, अस्पताल के चिकित्सक डॉ जय कुमार, क्वालिटी मैनेजर डॉ कमलेश, मैट्रम सीके वर्मा, डीएचईआईओ केएन बरनवाल, एआरओ अजीत सिंह, स्वास्थ्य विभाग से बीबी सिंह, नवीन गुप्ता, आदिल, उपेंद्र, लालमन, यूनिसेफ के रिजनल कोआर्डिनेटर संदीप श्रीवास्तव, डीएमसी डॉ हसन फहीम, विश्व स्वास्थ्य संगठन के प्रतिनिधि नंदलाल आ यूएनडीपी संस्था के प्रतिनिधि पवन सिंह विशेष तौर प मवजूद रहे लो।

स्वस्थ बा लो ऐनुल हसन के दुनो लईका

पिपराईच नगर पंचायत के गढ़वा निवासी ऐनुल हसन (37) के सरकारी टीकन में पूर्ण विश्वास बा। उनकर बड़ बेटा मोहसिन साढ़े चार साल के बा जबकि बेटी सुफिया डेढ़ साल के बिया। उनकर कहनाम बा कि ऊ आपन दुनो लईकन के पोलियो के सब ड्रॉप पिलवले बाड़े आ सब प्रकार के टीका सरकारी टीकाकरण केंद्रे से लगववले बाड़े। एसे उनकर दुनो लईका सव्स्थ बाड़े स। पोलियो के ड्रॉप के कारण कबो कवनो तरे के प्रतिकूल प्रभाव नइखे पड़ल। टीका लगला के बाद बोखार आवेला जवन सामान्य प्रभाव ह। लईकन के बोखार के दवा दिहल जाला आ ऊ ठीक हो जाले स। सब लोगन के अपना लईकन के पोलियो के दवा जरूर पियावे के चाहीं आ नियमित टिककरणों करावे के चाहीं।

एक दिन के लईका से शुभारंभ

बिछिया के रहे वाला अंकुर प्रजापति (37) के एक दिन के लईका के सीडीओ वाई पिलाके अभियान के शुरूआत कइले। अंकुर बतवले कि उनकर पहिलको लईका एह दवाई के सेवन कइले बा। ई पूरा तरे सुरक्षित बा। एएनएम सोनबाला, शोभा, अनुष्का, नेहा आ आंगनबाडी़ कार्यकर्ता पुष्पा यादव उद्घाटन कार्यक्रम में सहजोग कइल लो।

अभियान: एक नजर में

कुल लक्षित गांव आ मोहल्ला-4399
उच्च जोखिम क्षेत्र-53
लक्षित मकान-8.78 लाख
लक्षित लाभार्थी लईकन के संख्या -6.75 लाख
पर्यवेक्षक-517
गृह भ्रमण टीम-1494
ट्रांजिट टीम-287
मोबाइल टीम-64

334510cookie-checkपोलियो के दवा सुरक्षित आ असरदार, 19 सितम्बर से घरे-घरे जाके पोलियो के दवा पिलाई पल्स पोलियो के टीम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.