[the_ad_group id="30365"]

कनाडा में भारतीयन के खिलाफ बढ़ रहल बा नफरती अपराध, विदेश मंत्रालय जारी कइलस एडवाइजरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बीतल कुछ दिन में कनाडा में भारतीय के खिलाफ नफरती अपराध अउर हिंसा में तेजी से बढ़ोत्तरी भइल बा। हालही में एगो भारतीय छात्र के गोली मारकर हत्या कइल गइले के मामला भी सामने आइल बा। एही बीच भारत सरकार के ओर से कनाडा में रह रहल भारतीय छात्रन अउरी दूसर भारतीय नागरिकन के ले के एडवाइजारी जारी कइल गइल बा। उनके सतर्क रहे के कहल गइल बा।

विदेश मंत्रालय के ओर से कहल गइल बा कि कनाडा में नफरती अपराध, सांप्रदायिक हिंसा अउर भारत विरोधी गतिविधियन के घटना में तेजी से बढ़ोत्तरी भइल बा। अइसे में कनाडा में भारतीय उच्चायोग  कनाडा सरकार से एह बारे में बात कइले बा अउर उचित कार्रवाई के मांग कइले बा। जारी कइल गइल एडवाइजारी में कहल गइल बा कि कनाडा में रह रहल भारतीय नागरिकन अउरी छात्रन के अलावा जे कनाडा के यात्रा करे जा रहल बानें, ऊ सावधानी बरतें अउर सतर्क रहें। एकरे अलावा भारतीय नागरिक से madad.gov.in पs पंजीकरण करावे के भी कहल गइल बा।

गोलीबारी में भारतीय छात्र के लागल रहे गोली

कनाडा के ओंटारियो में भइल गोलीबारी में घाही भइल भारतीय छात्र के बीतल शनिचर के मौत हो गइल रहे। एह घटना में एगो पुलिसकर्मी समेत दू अन्य लोग के भी जान चल गइल रहे। ई गोलीबारी पिछले सोमार के भइल रहे। एहमें एगो भारतीय छात्र घायल हो गइल रहे। उनकर पहचान सतविंदर सिंह के रूप में भइल रहे। पुलिस बतवलस कि हैमिल्टन सरकारी अस्पताल में इलाज के दौरान उ दम तूड़ दिहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]