[the_ad_group id="30365"]

हरियाणा के सियासत से बड़ खबर, मुख्यमंत्री पद से इस्तीफा दिहें मनोहर लाल खट्टर, सामने आईल वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हरियाणा के राजनीति से सूत्र के हवाला से बड़ी खबर सामने आ रहल बा। मुख्यमंत्री मनोहर लाल खट्टर अपना पद से इस्तीफा दे दीहें। कहल जा रहल बा कि खट्टर के लोकसभा चुनाव करनाल से लड़े के तइयारी चलत बा. मुख्यमंत्री पद के नयका नाम के बीच नायब सैनी अवुरी संजय भाटिया के बीच चर्चा होखता।

सरकारी मंत्रिमंडल आजु सामूहिक इस्तीफा दे सकेला

इहो खबर बा कि हरियाणा के भाजपा सरकार के मंत्रिमंडल आजु सामूहिक रूप से इस्तीफा दे सकेला। एकरा बाद हरियाणा सरकार के मंत्रिमंडल के नयका गठन होई। जन्नयक जनता पार्टी के मंत्रिमंडल से अलग करे के रणनीति बनावल गइल बा।

मतलब कि अब हरियाणा में भाजपा-जेजेपी के बीच कवनो गठबंधन ना होई। जेजेपी के नयका मंत्रिमंडल में शामिल ना कईल जाई।

हरियाणा में विधानसभा चुनाव कराए के तैयारी

आगामी लोकसभा चुनाव के बीच हरियाणा में विधानसभा चुनाव करावे के तइयारी हो रहल बा। सूत्र के कहनाम बा कि हरियाणा में सिर्फ गैर जाट सीएम बन जाई। हरियाणा में भाजपा-जेजेपी के गठबंधन टूट जाई। हरियाणा में नया मंत्रिमंडल बनावल जाई।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]