[the_ad_group id="30365"]

डांडिया कार्यक्रम में बेटी के नंबर मांगत रहे लईका, पिता रोकले तs धक्का देके गिरवलस; भइल मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हरियाणा के फरीदाबाद में एगो सोसाइटी में डांडिया डांस फंक्शन के दौरान हंगामा मच गईल। एह दौरान झगड़ा में एक आदमी के मउत हो गईल। सेक्टर 87 प्रिंसेस सोसाइटी में डांडिया डांस प्रोग्राम चलत रहे। एह कार्यक्रम के आनंद लेबे खातिर सोसाइटी आ ओकरा आसपास के लोग आइल रहलेे। एही बीच उहाँ मौजूद दु लईका 25 साल के लईकी के मोबाइल नंबर मांगत रहले। जब परिवार एकर विरोध कईलस तs दुनो लईका ओकरी माई-बाबूजी अवुरी भाई के धक्का आ मारपीट करे लगले। धक्का लगते ही लईकी के पिता जमीन पs गिर गईले अवुरी बेहोश हो गईले।

डांडिया डांस प्रोग्राम में शख्स के मउत

परिवार के लोग बेहोश हालत में उनुका के अस्पताल ले गईले, लेकिन तब तक उनुकर म lउत हो चुकल रहे। अस्पताल में डॉक्टर उनुका के मृत घोषित कs देले, इ जानकारी पीड़ित परिवार के ओर से दिहल गईल बा। मरेवाला के परिवार के लोग दुनो लईकन के धक्का अवुरी मारपीट के संगे बेटी के नंबर मांगे के आरोप में पुलिस केस दर्ज करवले बाड़े। पुलिस के कहनाम बा कि फरीदाबाद के 87 प्रिंसेस सोसाइटी में डांडिया डांस के दौरान 50 से 52 साल के एगो आदमी के मउत हो गईल।

सोसायटी के लड़की के नंबर  मंगले पs बवाल

परिवार के लोग के शिकायत पs दु लईकन के खिलाफ मामिला दर्ज भईल बा। परिवार के लोग आपन शिकायत में बतवले कि सोसायटी में रहे वाला दु लईका उनकरी बेटी के हाथ छूवे के कोशिश कईले। जवना के बाद ओहिजा विवाद शुरू हो गईल। विवाद के दौरान झगड़ा के चलते एगो आदमी के गिरले से मउत हो गईल। पुलिस मरेवाला के लाश के पोस्टमार्टम खाती भेज देले बिया। आगे के जांच हो रहल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]