[the_ad_group id="30365"]

रेलवे त्योहार पs 13 ट्रेनन के फेरा बढ़वलस: कइयन ट्रेनन के रूट डायवर्ट कइलस, CPRO बोललें- ट्रेनों के समय से संचालन आ सफाई पs बा जोर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दशहरा, दीपावली आ छठ परब पs यात्रियन के होखे वाली अतिरिक्त भीड़ के देखत NE रेलवे प्रशासन गोरखपुर से देस के प्रमुख शहरन खातिर ट्रेनन के फेरा बढ़ा देलेे बा। पहिले से चल रहल ट्रेनन के अतिरिक्त स्टॉपेज देला के संगही ओकर रूट डायवर्ट कइल गइल बा।

CPRO पंकज सिंह बतवलें कि यात्रियन के सुविधा खातिर रेलवे प्रतिबद्ध बा। ट्रेनन के समय से संचालन के संगही साफ-सफाई पs विशेष धेयान दिहल जा रहल बा।

एह ट्रेनन के रूट डायवर्ट

• दादर से 31 दिसम्बर तक हर मंगलर, बियफे, सनीचर आ अतवार के चले वाली 01027 दादर- गोरखपुर स्पेशल ट्रेन के संचालन औंड़िहार, मऊ के रास्ते कइल जा रहल बा।

• गोरखपुर से 2 जनवरी तक हर सोमार, मंगर, बियफे आ सनीचर के चले वाली 01028 गोरखपुर- दादर स्पेशल ट्रेन के संचालन मऊ, औंड़िहार के रास्ते कइल जा रहल बा।

• ओखा से 28 नवम्बर तक हर मंगर के चले वाली 09525 ओखा- नाहरलगुन स्पेशल ट्रेन के संचालन गोरखपुर, छपरा के रास्ते कइल जाई।

• नाहरलगुन से 2 दिसम्बर तक हर सनीचर के चले वाली 09526 नाहरलगुन- ओखा स्पेशल ट्रेन के संचालन छपरा, गोरखपुर के रास्ते कइल जाई।

• हैदराबाद से 24 नवम्बर तक हर सुक के चले वाली 02575 हैदराबाद- गोरखपुर स्पेशल ट्रेन के संचालन गोंडा, ऐशबाग के रास्ते कइल जाई।

• गोरखपुर से 26 नवम्बर तक हर अतवार के चले वाली 02576 गोरखपुर- हैदराबाद स्पेशल ट्रेन के संचालन ऐशबाग, गोंडा के रास्ते कइल जाई।

• गोरखपुर से 1 दिसम्बर तक हर सुक के चले वाली 05005 गोरखपुर- अमृतसर स्पेशल ट्रेन के संचालन बुढ़वल, सीतापुर के रास्ते कइल जाई।

• अमृतसर से 2 दिसम्बर तक हर सनीचर के चले वाली 05006 अमृतसर- गोरखपुर स्पेशल ट्रेन के संचालन सीतापुर, बुढ़वल के रास्ते कइल जाई।

• गोरखपुर से 21 नवम्बर से 2 दिसम्बर तक हर सनीचर के चले वाली 01432 गोरखपुर- पुणे स्पेशल ट्रेन के संचालन गोंडा, लखनऊ के रास्ते कइल जाई।

• पुणे से 20 नवम्बर से 1 दिसम्बर तक हर सुक के चले वाली 01431 पुणे- गोरखपुर स्पेशल ट्रेन के संचालन लखनऊ, गोंडा के रास्ते कइल जाई।

• छपरा से 24 नवम्बर तक हर सुक के चले वाली 05063 छपरा- लोकमान्य तिलक टर्मिनस स्पेशल ट्रेन के संचालन गोंडा, ऐशबाग के रास्ते कइल जाई।

• गोरखपुर से 25 नवम्बर तक हर सनीचर के चले वाली 05303 गोरखपुर- महबूबनगर स्पेशल ट्रेन के संचालन गोंडा, ऐशबाग के रास्ते कइल जा रहल बा।

• महबूबनगर से 27 नवम्बर तक हर सोमार के चले वाली 05304 महबूबनगर- गोरखपुर स्पेशल ट्रेन के संचालन ऐशबाग, गोंडा के रास्ते कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]