[the_ad_group id="30365"]

हरिद्वार: निर्मल अखाड़ा में घुसल दूसर गुट, जम के भइल हंगामा, पुलिस एक गुट के मुखिया के हिरासत में लिहलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

श्री पंचायती निर्मल अखाड़ा में दू गुट के बीच लमहर समय से चल र संपत्ति विवाद में बियफ़े सुबह पंजाब से आइल दूसर गुट अखाड़ा में घुस गइल। एके ले के मौका पर जमकर हंगामा भइल। हंगामा के सूचना पर पुलिस अउर प्रशासनिक अधिकारी फोर्स के साथ मौका पर पहुंच गइलें।
पुलिस-प्रशासन कई घण्टा ले संतन के अखाड़ा से बाहर जाए खातिर अनुरोध करत रहलें। लेकिन संत अखाड़ा पर आपन अधिकार बतावत बाहर जाए खातिर तैयार नाइ भइलें।
एकरे बाद दूसरे गुट के मुखिया प्रेम सिंह के पुलिस फोर्स उठा के हिरासत में ले लिहलें। जबकि गुट के अन्य लोग अभीन अखाड़ा में ही मौजूद बानें। जिनके पुलिस मौका से जाए ख़ातिर कहत रहलि ह। एह गुट के जगतार सिंह के भी पुलिस हिरासत में ले लिहले बा ।
मौका पर सिटी मजिस्ट्रेट अवधेश कुमार सिंह सीओ सिटी मनोज कुमार ठाकुर, नगर कोतवाल राकेन्द्र सिंह कठैत, कनखल एसओ मुकेश सिंह चौहान सहित आसपास के थाना के पुलिस फोर्स तैनात बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]