[the_ad_group id="30365"]

तिरंगा पर देखे के मिली कश्मीरी कारीगरी के झलक, कुपवाड़ा में महिला लोग कर रहल बाड़ी क्रेवल कढ़ाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आतंकवाद आ पथराव का चलते खबरन में रहल कश्मीर घाटी में अब बदलाव के हवा बहत बा.  उत्तर कश्मीर के कुपवाड़ा जिला के दू गो छोट गाँवन के मेहरारू हाथ से कढ़ाई करत राष्ट्रीय झंडा बनावत बाड़ी। इ स्वतंत्रता दिवस प ‘हर घर तिरंगा’ अभियान के हिस्सा ह।  इ तिरंगा अलग-अलग होखेला, काहेंकी ए सब प लागल अशोक चक्र पारंपरिक कश्मीरी ‘क्रिवल’ कढ़ाई के कारीगरी के इस्तेमाल क के बनावल गईल बा।  एकरा संगे-संगे ए तिरंगा बनावे वाली महिला लोग के कहनाम बा कि उ लोग अपना के भाग्यशाली मानतारे कि एकरा के बनावे के आदेश मिल गईल बा।

भारतीय सेना के सहयोग से शुरू भईल ए पहल खातीर कवरी अउरी कुननपोशपोरा गांव के करीब 50 महिला एक संगे आईल बाड़ी।  ई मेहरारू लोग दिन-रात तिरंगा बनावे में लागल बाड़ी, काहे कि एकर मांग लगातार बढ़ रहल बा।  गाँव में बनावल केन्द्र के प्रभारी नाजिमा समुंदारी कहली कि, हम भारतीय सेना के धन्यवाद देत बानी, जवन हमरा के केंद्र बनावे में मदद कईलस।  उ हमरा के सिलाई मशीन आ कच्चा माल जइसन सब कुछ उपलब्ध करवले बानी।

उ कहले कि उनुका बहुत गर्व बा कि उ राष्ट्रध्वज बना के आपन काम शुरू कईले बानी।  ऊ बहुते खुश बाड़ी आ अपना के भाग्यशाली मानत बाड़ी.  नजीमा कहली कि सेना हमरा के इ पहल शुरू करे खातिर सबकुछ दे देहलस।  हम रोज करीब 100 तिरंगा बनावेनी।  हम दिन में 12 घंटा काम करेनी अवुरी घरे पहुंचला प भी आधा रात तक काम करत रहेनी।  एह मेहरारूवन के ना खाली आपन हुनर ​​देखावे के मौका मिलल बा बलुक ऊ लोग आपन रोजगार भी कमा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]