[the_ad_group id="30365"]

Haryana 23rd District : हरियाणा में हिसार से अलग होई हांसी, CM नायब सैनी कइलें 23वां जिला के एलान

CM Naib Saini announcing Hansi as the 23rd district of Haryana
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंचकूला। हरियाणा में अब 23वां जिला होंई। मुख्यमंत्री नायब सिंह सैनी मंगर के हांसी के जिला बनावे के घोषणा कइलें। सीएम हांसी में आयोजित रैली में ई घोषणा कइलें। ऊ कहलें कि सात दिन में हांसी के जिला बनावे के अधिसूचना जारी कs दिहल जाई।

एकरा बाद 12 बरिसन से चलल आ रहल मांग पूरा हो जाई। जून 2013 में पहिला बेर हांसी के जिला बनावे के मांग उठल रहे। हांसी जिला बनाओ संघर्ष समिति जोरदार तरीका से एकरा के लेके मांग के उठावत रहे।

सीएम के एह घोषणा से राज्य में प्रशासनिक आ विकास कार्यन के आउर बेहतर ढंग से कइल जा सकी। सरकार के लक्ष्य बा कि नया जिलन के बनला से स्थानीय लोगन के सुविधा होई।

Read Also: Arup Biswas Resignation : बंगाल के खेल मंत्री अरूप बिस्वास के इस्तीफा, मेसी के कार्यक्रम में बवाल के बाद छोड़लें पद

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]