[the_ad_group id="30365"]

Delhi Pollution : दिल्ली काहे बन गइल गैस चैंबर? तस्वीर खोललस PWD के पोल; GRAP-4 के नियम के उड़ रहल बा धज्जी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्वी दिल्ली। दिल्ली अब पूरा के पूरा गैस चैंबर बन चुकल बा। प्रदूषण के हाल अइसन हो गइल बा कि स्कूलन के छुट्टी करावे के पड़ रहल बा। हवा एतना खराब बा कि लोग लगातार खांस रहल बा, मास्क पहिनल मजबूरी बन गइल बा। प्रदूषण कम करे खातिर दिल्ली में ग्रेप-चार (GRAP-4) लागू कइल गइल बा।

ग्रेप-4 के नियम तs कागज पs बहुत सख्त बा, बाकिर यमुनापार इलाका में ई सब हवा-हवाई साबित हो रहल बा। रिहायशी इलाकन में धड़ल्ले से मकान बन रहल बा। सड़कन पs रोज के जइसने मलबा फेंकल जा रहल बा। आरोप लाग रहल बा कि PWD लोगन के आंख में धूरा झोंके खातिर खाली मलबा साइट पs बोर्ड लगा देले बा कि “मलबा डालत पकड़ला पs जुर्माना लागी।”

PWD के एह चेतावनी के कवनो असर नइखे लउकत। मौसम विशेषज्ञन के माने के बा कि खुला में फेंकल मलबा से हवा में प्रदूषण आउर बढ़ जाला। यमुनापार में आनंद विहार प्रदूषण के सबसे बड़ हॉट स्पॉट बन चुकल बा। प्रदूषण काबू करे खातिर 76 टीम बनावल गइल बाड़ी सs, बाकिर सड़क पs मलबा फेंके के सिलसिला अभियो जारी बा। ई हाल तब बा जब दिल्ली प्रदूषण अलर्ट पs बा आ GRAP-4 लागू बा।

आनंद विहार, गाजीपुर, कड़कड़ी मोड़, शास्त्री पार्क, हसनपुर, गाजीपुर थाना के लगे, राजीव कॉलोनी, मुल्ला कॉलोनी के लगे लोग धड़ल्ला से अपना घर आ दुकान के मलबा सड़क पs फेंक रहल बा। निगम आ PWD दावा करत बा कि ओकर टीम सक्रिय बाड़ी सs, बाकिर सवाल उठ रहल बा कि जदि सांचो टीम सक्रिय बाड़ी सs तs सड़क पs मलबा कइसे आ रहल बा? मलबा फेंके वाला लोगन पs GRAP के तहत का कार्रवाई हो रहल बा?

चौहान बांगर, मयूर विहार, लक्ष्मी नगर, गीता कॉलोनी, गांधी नगर, पुराना सीलमपुर, वेलकम, जनता कॉलोनी, शाहदरा जइसन कइयन इलाकन में निर्माण काम जोर-शोर से चल रहल बा, जबकि GRAP-4 के तहत निर्माण काम पs पूरा रोक लागल बा। भवन निर्माण सामग्री सड़क के किनारे खुला पड़ल बा। केहूओ के कवनो फरक नइखे पड़त।

प्रतिबंध के बादो जल रहल बा लकड़ी-कोयला

प्रदूषण के चलते लकड़ी आ कोयला जरवला पs पूरा प्रतिबंध बा, बाकिर यमुनापार में एह नियम के जमके धज्जी उड़ावल जा रहल बा। नॉनवेज दुकानन पs चिकन आ कबाब कोयला पs सेकल जा रहल बा। ई काम अक्सर देर सांझ सुरू होला, जब निगम आ प्रशासन के टीम ड्यूटी खत्म कs के घरे लवट जाली सs। मूंगफली बेचे वाला लोग तक लकड़ी जरा रहल बा।

एह ममिला पs शाहदरा दक्षिणी जोन के चेयरमैन राम किशोर शर्मा कहले बाड़ें कि सड़क पs मलबा ना फेंकल जावa, एह खातिर निगम अधिकारियन से बात कइल जाई। प्रदूषण फइलावे वाला हर आदमी के खिलाफ सख्त कार्रवाई करे के निरदेस दिहल जाई।

साभार : दैनिक जागरण

Read Also: Dhanu Sankranti 2025: सूर्य देव के राशि परिवर्तन आज, एह चीजन के दान से चमकी किस्मत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]