[the_ad_group id="30365"]

गुजरात चुनाव: ‘कांग्रेस में हमके गारी देहले के लागल होड़’, खरगे के ‘रावण’ वाले बयान के बाद PM मोदी कइलें पलटवार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरात में पांच दिसंबर के होखे वाले दूसरे चरण के मतदान से पहिले प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु कलोल में जनसभा के संबोधित कइलें। एह दौरान ऊ कांग्रेस पs जम के हमला बोललें। पीएम सबसे पहिले कांग्रेस के राष्ट्रीय अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे के ‘रावण’ वाले बयान पs पलटवार कइलें अउर कहनें कि कांग्रेस में एह बात के होड़ लागल बा कि के हमके केतना गारी दे सकsता।

ऊ कहनें कि जे कब्बो भगवान राम के अस्तित्व में विश्वासो नाइ करत रहनें ऊ अब रामायण से ‘रावण’ ले आइल बानें अउर, हमके अचरज बा कि ऊ कब्बो पश्चाताप नाइ कइलें, हमरे खातिर एह तरह के अपशब्द के इस्तेमाल कइले के बाद माफी मांगे के बात त भुलइए जाईं। बता देईं कि खरगे सोमार रात अहमदाबाद शहर के बेहरामपुरा इलाका में एक रैली के संबोधित करत कहले रहनें कि प्रधानमंत्री सब चुनावन में लोग से उनकर चेहरा देख के वोट करे खातिर कहेने। ऊ कहले रहनें, ‘का रउआ रावण के तरे 100 मूड़ी वाला बानीं।’

गुजरात हमके जौन ताकत दिहले बा, ऊ एह कांग्रेसियन के परेशान कs रहल बा

अपने संबोधन में पीएम मोदी कहनें कि 2014 में जब रउआ सब हमके दिल्ली भेजले रहे, तब देश में मोबाइल फोन बनावे के दू फैक्ट्री रहल। आजु 200 से जियादा रहल। अगर आपके पांचों अंगुली घीव में बा, त एक अंगुली कमल के बटन दबावे के चाहीं कि नाइ। हम गुजरात के बेटा हईं, रउआ सभे हमके जौन गुण दिहले बा। गुजरात हमके जौन ताकत दिहले बा, ऊ एह कांग्रेसियन के परेशान कs रहल बा।

जेतना कीचड़ उछsलब जां, ओतनहीं कमल खिली

पीएम मोदी कहनें कि कांग्रेस के मित्र कान खोल कर सुन लें, आपके लोकतंत्र में आस्था अउर अविश्वास आपके विषय बा, परिवार खातिर जीए के बा त आपके मर्जी, लेकिन एक बात लिख के ले लs जा, जेतना कीचड़ उछsलबs जां, ओतनही अधिक कमल खिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]