[the_ad_group id="30365"]

भाजपा कार्यकर्ता लोग से बोलले केजरीवाल, पेमेंट उहवें से लs, काम हमरे खातिर करs

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरात में होखेवाला विधानसभा चुनाव खातिर आम आदमी पार्टी आपन पूरा ताकत झोंक देहले बिया। पार्टी के राष्ट्रीय संयोजक अरविंद केजरीवाल लगातार राज्य के दौरा करत बाड़े। अबकी अपना दु दिन के दौरा प पहुंचल केजरीवाल भाजपा कार्यकर्ता से विशेष अपील कईले।

दू दिन के गुजरात दौरा के आखिरी दिन केजरीवाल कहले कि हमनी के भाजपा के बड़ नेता नाइ चाहीं। हमनी के इनकर पन्ना प्रमुख, कार्यकर्ता लोग के जरूरत बा। उ कहले कि, आप सब लोग भाजपा में रहीं। भाजपा पईसा देवेले, इनका से पेमेंट लेलीं, लेकिन काम हमनी खातिर करीं। उ दावा कईले कि, भारी संख्या में भाजपा कार्यकर्ता आम आदमी पार्टी में शामिल होखतारे।

हम एहसान फरामोश नइखीं

सभा के संबोधित करत केजरीवाल कहले कि हम एहसान फरामोश ना हई। एक महीना के भीतर तहनीके सब मांग पूरा क देब। एह दौरान उ आम आदमी पार्टी के पदाधिकारी मनोज सोरथिया प भईल हमला प दुख जतवले। उ कहले कि इ गुजरात अउरू हिन्दू के संस्कार ना हवे। भाजपा प हमला करे के आरोप लगावत उ कहले कि, उ लोग आपन हार देखतारे, एहीसे हमला होखता, लेकिन हमनी के डेराइल नइखीं जा। हमनी के धैर्य राखे के होई। जब चुनाव होई त हमनी के बटन दबा के आपन गुस्सा जतावे के पड़ी। उ कहले कि, हमनी के कांग्रेस नाइ हईं जा। त आपन राह बदल लs जा, हमनी के डेराए वाला नाइ हईं जा। हमनी के सरदार पटेल के मानेवाला लोग हईं

सूरत में 12 में से सात सीट जीती आप

केजरीवाल कहलें कि हमनी के एगो सर्वे करवलें बानीं जा। एहमें सूरत के 12 में से सात सीट आम आदमी पार्टी जीते वाला बा। उ कहलें कि समय कम है, एहलिए रउआ सभे अपने-अपने स्तर पर प्रचार करीं। उ कहलें कि 27 साल ले भाजपा कर्मचारियन खातिर कुछ नाइ कइलस। चुनाव के तीन महीना पहिले फेर से ए लोग के लॉलीपाप दी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]