Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

CM नीतीश दिल्ली में करिहें विपक्षी दलन के नेता लोगन से मुलाकात: JDU के कार्यकारिणी में बोलले- देश में लोकतंत्र के खतम कइल जा रहल बा

532

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार विपक्ष के एकजुट करे खातिर दिल्ली के दौरा पs जा रहल बाड़ें। ऊ 5 से 7 सितंबर तक विपक्ष के नेता लोगन से मिलिहें। नीतीश कुमार, सोनिया गांधी, राहुल गांधी आ ओमप्रकाश चौटाला से मिलिहें। एने, राज्य कार्यकारिणी के बैठक के बाद नीतीश कहले कि देश के जनता सब देख रहल बिया। देश में लोकतंत्र के खतम कइल जा रहल बा। 2024 के परिणाम में जनता बतावे के काम करी।

नीतीश कहले कि सब विरोधी दल जदि एकजुट हो जाव तs 2024 के परिणाम कुछ आउरे होई। ओहिजा मणिपुर में जेडीयू के टूट पs कहले कि एगो नाया ठंग के काम कइल जा रहल बा। कुछ दिन पहिले सब विधायक बिहार आइल रहे लो, पता चलल रहे कि सभे के बीजेपी में शामिल करा रहल बा लो। का ई संवैधानिक काम हs, रउए बताई।

जदयू के राज्य कार्यकारिणी के बैठक खतम हो गइल। बैठक 3 घण्टा चलल। एमे मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के संगे राष्ट्रीय अध्यक्ष ललन सिंह आ प्रदेश अध्यक्ष मवजूद रहलें। बैठक से पहिले मंत्री अशोक चौधरी बड़ बयान देले। ऊ कहले कि भारतीय जनता पार्टी हमनी के विधायकन के ओहु बेरा तुर लेले रहे, जब हमनी के साथे रही सs। अब तs खिलाफे बानी सs, तs का बड़ बात बा।

चौधरी कहले मणिपुर में हमनी के विधायक टूटल बा लो, बाकिर उहां हमनी के वोट बैंक नइखे टूटल। जनता सब देख रहल बिया। मणिपुर में जे नीतीश कुमार के चाहे वाला लोग बा ओकरा के नइखे तुड़ल जा सकत। हमनी के अपना तरीका से 2024 खातिर तइयारी करेम सs।

बिहार में महागठबंधन सरकार बनला के बाद जनता दल यूनाइटेड अपना संगठन पs फोकस कर रहल बिया। एही के लेके पटना में प्रदेश आ राष्ट्रीय कार्यकारिणी आ राष्ट्रीय परिषद के बैठक आयोजित कइल गइल । एमे मुख्य रूप से मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, राष्ट्रीय अध्यक्ष ललन सिंह, संसदीय बोर्ड के चेयरमैन उपेंद्र कुशवाहा सहित राष्ट्रीय कार्यकारिणी के सभे सदस्य आ राष्ट्रीय परिषद के सब सदस्य शामिल भइल लो।

RCP के बाद संगठन के अपना तरीका से तइयार करे के बा कयवाद

मानल जा रहल बा कि पूर्व राष्ट्रीय अध्यक्ष आरसीपी सिंह के हटला के बाद जदयू नया सिरा से आपन संगठन तइयार कइल चाहत बा। आलाकमान के पता बा कि आरसीपी सिंह संगठन के महासचिव रहल रहले। उनकर पकड़ बूथ स्तर तक के कार्यकर्ता पs रहे। आवे आला समय में जवना के खामियाजा उठावे के पड़ सकत बा।

विस्तार खातिर होखे के बा संगठन के चुनाव

एह दुनु बैठकन के आयोजन एही खातिर कइल जा रहल बा कि, जदयू अब विस्तार खातिर संगठन के चुनाव के प्रक्रिया पूरा कइल चाहत बा। संगठन के चुनाव पंचायत स्तर से लेके राष्ट्रीय स्तर तक आयोजित कइल जाई। एमे विधानसभा अध्यक्ष से लेके जिला अध्यक्ष, प्रदेश अध्यक्ष आ राष्ट्रीय अध्यक्ष सभे शामिल बा। सभे के चुनाव नया सिरा से आयोजित कइल जाई।

CM नीतीश आ ललन खुद देखल लो बेवस्था

एह बैठक से पहिले CM नीतीश कुमार आ राष्ट्रीय अध्यक्ष ललन सिंह सुक के कार्यालय के निरीक्षण कइले रहे लो। ललन सिंह कहले कि जदयू कार्यालय में बड़ बैठक चली। अलग-अलग राज्यन से आइल जदयू के नेता लोग खातिर रहे आ खाये आ बैठक के तइयारियन के मुख्यमंत्री खुद जानकारी लेले रहस।

साभार: दैनिक भास्कर

321460cookie-checkCM नीतीश दिल्ली में करिहें विपक्षी दलन के नेता लोगन से मुलाकात: JDU के कार्यकारिणी में बोलले- देश में लोकतंत्र के खतम कइल जा रहल बा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.