[the_ad_group id="30365"]

बंगरा पंचायत में ग्राम सभा के आयोजन, सभे जनप्रतिनिधि रहे लो उपस्थित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रितम सिंह, मशरक सारण: मशरक प्रखंड के बंगरा पंचायत के चैनपुर गांव इस्थित सामुदायिक भवन प बिहार सरकार के आदेश के मोताबिक पंचायत में विकास के लेके पंचायत के मुखिया ललिता देवी के अध्यक्षता में बैठक आयोजित कइल गइल। एह बैठक में मुख्य रूप से पंचायत सचिव किशुन देव राम, मुखिया प्रतिनिधि चंद्रशेखर सिंह, पप्पू सिंह, कार्यपालक सहायक अभिषेक सिंह के संगे पंचायत के वार्ड सदस्य आ ग्रामीण जनता के उपस्थिति रहल।

पंचायत सचिव किशुनदेव राम बतवलें कि प्रधान सचिव पंचायती राज के पत्रांक 9380 के द्वारा “सब की योजना सभी का विकास” के तहत आवे आला वित्तीय वर्ष 2023-2024 के पंचायत के गांवन में विकास योजना के लेके जीपी डीपी तइयार कइल गइला आ ई – ग्राम स्वराज योजना पोर्टल प डाटा अपडेट कइल गइला के लेके ई बैठक आयोजित कइल गइल रहे। एह योजना के तहत कुल 9 विकास लक्ष्य के रूप में जीपी डीपी में सम्मिलित कइल  जाये के बा, जवना से आवे आला बरिस में पंचायत के समुचित विकास हो सके। एह बैठक में मुख्य रूप से वार्ड सदस्य सहित ग्रामीण जनता उपस्थित रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]