[the_ad_group id="30365"]

Govinda के लाइसेंसी रिवॉल्वर सीज, गोलीकांड के बाद मुंबई पुलिस लेलस बड़ एक्शन

एक्टर गोविंदा के लागल गोली: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मंगर के सबेरे गलती से गोविंदा के गोड़ में गोली लागे के खबर से सनसनी पैदा हो गइल। घायल गोविंदा के तुरंत अस्पताल पहुंचावल गइल जहां फिलहाल उनकर हालत खतरा से बाहर बा। खबर के मुताबिक मुंबई पुलिस एह मामला के संज्ञान में लेके अभिनेता के लाइसेंसधारी रिवाल्वर जब्त कऽ लेले बिया।

मनोरंजन जगत में दिन भर गोविन्द के नांव चर्चा के विषय बनल रहल जवना के वजह उनका गोड़ में रिवाल्वर के गोली लागल आ उऽ घायल हो गइले। उनका के तुरंत मुंबई के जुहू के कीर्तिकरे अस्पताल में भर्ती करावल गइल। जहां डॉक्टर के इलाज के बाद गोली निकालल गइल आ गोविंदा फिलहाल खतरा से बाहर बाड़े।

दूसर ओर मुंबई पुलिस एह मामला के जांच शुरू कऽ देले बिया आ ओकरा आधार पs अभिनेता के लाइसेंसधारी रिवाल्वर जब्त क लिहल गइल बा।

पुलिस गोविंदा के रिवाल्वर जब्त के लेलस

मंगर के गोविंदा के गोड़ में गोली लागे के घटना सभके हिला देलस। उनकर परिवार के सदस्य आ शत्रुघ्न सिन्हा जइसन बहुत फिल्मी स्टार गोविंदा के स्वास्थ्य के बारे में पूछताछ खातिर अस्पताल पहुंचले। खबर के मुताबिक मुंबई पुलिस ए गोलीबारी के संज्ञान में लेके अभिनेता के लाइसेंसधारी रिवाल्वर जब्त कऽ के जांच खातिर आगे भेज देले बिया। ताकि पता चल सके कि गोविंदा के लागल 9 मिमी के गोली ओही रिवाल्वर से चलल रहे कि ना।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]