[the_ad_group id="30365"]

Actor Govinda: हादसा के बाद गोविंदा जारी कइलें बयान, डॉक्टरन के जतवलें आभार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अभिनेता गोविंदा के संगे आज मंगर के सबेरे हादसा हो गइल। ऊ सबेरे कोलकाता खातिर रवाना होत रहस। एह दौरान ऊ अपना लाइसेंसी रिवॉल्वर के केस में रखत रहस कि अचानक रिवॉल्वर जमीन पs गिर गइल आ मिसफायर भइल। एह दौरान अभिनेता के गोड़ में गोली लाग गइल। उनका के नजदीकी अस्पताल में भर्ती करावल गइल। डॉक्टर लोग बुलट निकाल देले बा आ गोविंदा खतरा से बाहर बा। हादसा के बाद खुद गोविंदा बयान जारी कइले बाडें आ प्रशंसकन आ डॉक्टरन के आभार जतवलें बाडें।

प्रशंसकन के कहलें शुक्रिया

गोविंदा हादसा के बाद अस्पताल से बयान जारी कs के कहलें कि, ‘नमस्कार, प्रणाम, हम हई गोविंदा। रउआ सभे के आसिरबाद आ बाबा के आसिरबाद। गोली लागल रहे।  बाकिर, गुरू के किरपा से गोली निकाल दिहल गइल बा। हम धन्यवाद देत बानी इहां के डॉक्टरन के। रउआ सभे के प्रार्थना खातिर रउआ सभे के धन्यवाद आ आभार’।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]