[the_ad_group id="30365"]

28 सितंबर के सर्जिकल स्ट्राइक डे मनाई सरकार, जवानन के सम्मानित करी भाजपा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अगिले साल होखे वाले लोकसभा चुनाव के ध्यान में रखत केंद्र सरकार कुछ अइसन खास दिन मनावे पर विचार कइले बा जेकरे तहत सरकार आपन उपलब्धि बता सके। सथही मतदाता लोग के ध्यान भी अपने ओर आकर्षित कर सके। एही के तहत सरकार 28 सितंबर के ‘सर्जिकल स्ट्राइक डे’ मनावे के फैसला कइले बा। एह दिन भारत के ओ बड़ कदम के पूरा दू साल हो जाई जब भारतीय सेना पीओके के सीमा पार क के पाकिस्तानी सेना के आतंकी कैंप के तबाह कs दिहले रहे।

सर्जिकल स्ट्राइक डे वाले दिन सब मंत्री अउरी बीजेपी के सब विधायक अपने-अपने निर्वाचन क्षेत्र में कार्यक्रम के आयोजन करिहें। एकरे तहत सेना के जवानन के सम्मानित कइल जाई। मीडिया रिपोर्टस के मुताबिक बीतल हफ्ता कैबिनेट के बइठक में ई फैसले लिहल गइल। जेकरे बाद ए दिन के मनावे के फैसला भइल।

उहवें सरकार पूर्व पीएम अटल बिहारी वाजपेयी के निधन के एक महीना बाद इहो फैसला कइलस कि उनके याद में 16 सितंबर के काव्याजंली दिवस मनावल जाई। काव्याजंली दिवस पर मंत्री अउरी विधायक अपने-अपने निर्वाचन क्षेत्र में कविता कार्यक्रम के आयोजन करिहें जेमें वाजपेयी जी के लिखल कविता पढ़ल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]