फरेंदा के स्कूल में पहुंचले गोरखुपर मेडिकल कालेज के प्रोफेसर, जानी आखिर का रहल बड़ मामला

Sonu Kishor

Gorkhpur news: कैंप में गोरखपुर मेडिकल कालेज के चर्म रोग विभाग के अस्टैिंट प्रोफेसर डा दिव्यांशु श्रीवास्तव पहुंचले। उऽ स्कूल के 220 छात्र-छात्रा लो के स्वास्थ्य परीक्षण कऽ के उनका लो के दवाई बँटले।

Gorkhpur news: कैंप में गोरखपुर मेडिकल कालेज के चर्म रोग विभाग के अस्टैिंट प्रोफेसर डा दिव्यांशु श्रीवास्तव पहुंचले। उऽ स्कूल के 220 छात्र-छात्रा लो के स्वास्थ्य परीक्षण कऽ के उनका लो के दवाई बँटले।

प्रधानाचार्य जगमोहन मिश्र आ प्रशासनिक अधिकारी राजेश साहनी अस्टैिंट प्रोफेसर दिव्यांशु श्रीवास्तव के एह सराहे जुगुत काम खातिर सम्मानित कइले।

एह अवसर पs बच्चन के खान पान, जंक फास्ट फूड आ माथ पऽ तेल लगावे से होखे वाला चर्म रोगों के बारे में विस्तार से बतवले।

चिकित्सा कैंप में प्रबंधक सुधेश मोहन श्रीवास्तव आभार व्यक्त कइले।

Share This Article
Follow:
एगो भोजपुरिया कलाकार, लेखक, कवि आ भोजपुरी खातिर समर्पित नवहा जे अपना माई भाखा खातिर हमेसा खाड़ रहेला। खेल आ राजनीति के खबर पढ़े खातिर हमरा से जुड़ीं खबर भोजपुरी पs। हमरा से रउआ सभे sonuyadav957670@gmail.com पs जुड़ल रहीं...