[the_ad_group id="30365"]

12 घंटा के भीतर Air India Express के 70 से जादे फ्लाइट रद्द, वजह जान के हो जाइब हैरान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Air India Express Flight Cancelled बीतल 12 घंटा में एयर इंडिया एक्सप्रेस (Air India Express) के 70 से बेसी फ्लाइट कैंसिल हो गइल बा। फ्लाइट कैंसिल से यात्रियन के काफी परेशानी भइल बा। रिपोर्ट्स के अनुसार एयरलाइन के सीनियर क्रू मेंबर आखिरी मिनट पs Sick Leave ले लेले रहले जवना के चलते फ्लाइट कैंसिल हो गईल। पढ़ी पूरा खबर…

एयर इंडिया एक्सप्रेस (Air India Express) के 70 से बेसी फ्लाइट मंगर रात से आज भोरे तक कैंसिल भा डिले हो गइल। एह मामला के जानकारी न्यूज एजेंसी एएनआई द्वारा दिहल गइल। न्यूज एजेंसी एएनआई विमानन सूत्रन के हवाला देते बतवलस कि एयरलाइन के सीनियर क्रू मेंबर आखिरी मौके पs Sick Leave ले लेले। अब एह मामला के जांच सिविल एवियेशन अथॉरिटी कर रहल बिया।

एयर इंडिया एक्सप्रेस के प्रवक्ता कहले

हमनी के केबिन क्रू के एगो सेक्शन काल्ह रात से आखिरी मिनट में बीमार होखे के सूचना देलस, जवना के परिणामस्वरूप उड़ान में देरी आ रद्दीकरण भइल बा। जबकि एह घटना के पीछे के कारण समझे खातिर क्रू टीम के साथ जुड़ रहल बानी, हमनी के टीम परिणामस्वरूप हमनी के मेहमानन के होखे वाला कवनो असुविधा के कम करे खातिर एह मुद्दन के सक्रिय रूप से संबोधित कर रहल बिया।

एकरा आगे उऽ कहले कि हम एकरा खातिर अपना मेहमानन से माफी मांगऽ तानी। रद्दीकरण से प्रभावित मेहमानन के पूर्ण धन-वापसी भा अन्य तिथि खातिर मानार्थ पुनर्निर्धारण के पेशकश कइल जाई। आज हमनी के साथे उड़ान भरे वाला मेहमानन से निहोरा बा कि उऽ हवाई अड्डन पs जाए से पहिले ई जांच ली कि उनकर उड़ान प्रभावित भइल बा की ना।

यात्री लो कइलस प्रदर्शन

एयर इंडिया एक्सप्रेस के उड़ान के अंतिम समय में रद्द होखला के खिलाफ बुध के केरल के सब हवाईअड्डन पs नाराज यात्रियन के विरोध प्रदर्शन देखल गइल। ज्यादातर खाड़ी देशन के यात्रा करे वाला यात्री लो दावा कइलस कि उनका लोग के सुरक्षा जांच पूरा कइला के बाद उड़ान रद्द होखे के बारे में सूचित कइल गइल आ उऽ उड़ान में चढ़े के इंतजार करत रहले।

एयर इंडिया एक्सप्रेस पूरा रिफंड भा आउर तारीख खातिर पुनर्निर्धारित की पेशकश कइले बा। एह पेशकश से यात्री खुश नइखन।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]