[the_ad_group id="30365"]

Air India Express के आजो 70 से जादे फ्लाइट रद्द, 25 कर्मचारियन के गइल नौकरी तऽ बाकीयन के मिलल अल्टीमेटम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Air India Express Flights Canceled टाटा ग्रुप के एयरलाइन एयर इंडिया एक्सप्रेस (Air India Express) के फ्लाइट सुचारू रूप से संचालन नइखे करत। दरअसल मंगर के आखिरी मिनट पs क्रू मेंबर्स छुट्टी ले लेले जवना के वजह से लगभग 90 से जादे फ्लाइट कैंसिल हो गइल। आजो एयरलाइन लगभग 74 गो फ्लाइट के कैंसिल कऽ देले बा।

एयर इंडिया एक्सप्रेस (Air India Express) के फ्लाइट संचालन में बाधा आ रहल बा। दरअसल क्रू मेंबर्स अचानक छुट्टी पs चल गइला के वजह से ई समस्या भइल बा। बीतल दिन एयरलाइन के लगभग 90 से जादे उड़ान कैंसिल भइल रहे। फ्लाइट कैंसिल होखे के वजह हजारों यात्रियन के परेशानी हो रहल बा।

एयरइंडिया एक्सप्रेस के फ्लाइट के लेके अब नया अपडेट सामने आइल बा। न्यूज एजेंसी पीटीआई के अनुसार आजो एयरइंडिया एक्सप्रेस के 74 फ्लाइट कैंसिल भइल बा।

केरल एयरपोर्ट में हो रहल बा जादे समस्या

एयर इंडिया एक्सप्रेस के फ्लाइट सुचारू रूप से काम नइखे करत। एकर सबसे जादा प्रभाव केरल के हवाई अड्डन पs देखे के मिलल बा। दरअसल, एयरलाइन यात्रियन के केरल के हवाई अड्डन से विभिन्न गंतव्यन के यात्रा का वादा कइले रहे। हालांकि, अबहियो यात्री लो फंसल बा।

तिरुवनंतपुरम, कोच्चि आ कन्नूर हवाई अड्डन पs यात्रियन के वो घरी निराशा के सामना करे के पड़ल जब खाड़ी देशन खातिर उड़ान लगातार दूसरका दिन आखिरी मिनट में बंद कर दिहल गइल। एह अचानक रद्दीकरण से उऽ यात्रियन में निराशा फइल गइल आ असुविधा भइल जे आपन यात्रा योजना खातिर एयरलाइन के आश्वासन पs निर्भर रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]