[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के जुवक के जुड़ल पाकिस्तान कनेक्शन, ATS उठवलस : पाकिस्तानी एजेंट से जुड़े आ खाता में रुपिया अइला के बात आइल सामने, मर्चेंट नेवी के बा कर्मचारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के एगो जुवक के पाकिस्तान कनेक्शन सामने आइल बा। जुवक पिपराइच इलाका के रहे वाला बा। एकर भनक लगतही बियफे के सांझ यूपी ATS ओकरा के उठा लेले बा। पहिलही तs ATS टीम पिपराइच थाना में ओकरा से करीब चार घंटा तक पूछताछ कइलस। बाकिर, ओकरा जवाब से संतुष्ट ना होखला पs ATS ओकरा के अपना साथे ले गइल।

बतावल जा रहल बा कि ऊ पाकिस्तानी एजेंट के संपर्क में रहे, ओकरा खाता में रुपियो आइल बा। फिलहाल जुवक के परिवार वाला ओकरा के सीधा-साधा बता रहल बा। ओकर कहनाम बा कि ऊ एह तरे के कवनो हरकत ना कs सकत बा। ATS के जरूर कवनो गलतफहमी भइल बा।

4 महीना पहिले गोवा से घरे आइल रहे युवक

दरअसल, पिपराइच इलाका के रहे वाला जुवक मर्चेंट नेवी में गोवा में काम करत रहे। ऊ अपना मां-बाप के इकलौता बेटा हs। ओकर पिता के करीब 15 साल पहिले निधन हो गइल बा। करीब चार महीना पहिलही ऊ गोवा से अपना गांवे आइल रहे, तब से गांवे पs रहत रहे। बियफे के सांझ के पिपराइच पुलिस के संगे ATS ओकरा घरे पहुंचल आ पूछताछ खातिर पहिले पिपराइच थाना ले आइल।

सोशल साइट के ​माध्यम से पाकिस्तानी एजेंट से जुड़े के बात

जुवक के मां से पुलिस बतवलस कि साइबर से जुड़ल ममिला हs, पूछताछ के बाद छोड़ दिहल जाई। दुगो गाड़ी से करीब 10 के संख्या में आइल ATS के टीम करीब चार घंटा तक थाना में पूछताछ कइलस। ऊ एगो जुवक के लिंक देखावत ई जाने के कोसिस कइलस कि ऊ ओकरा से सोशल साइट के माध्यम से कब से आ काहे जुड़ल बा।

पूछताछ के बाद जुवक के संगे ले गइल ATS

सूत्रन के मोताबिक, ATS जवना जेकरा से लिंक जुड़ल दिखा रहल बा, ऊ पाकिस्तानी एजेंट बतावल जा रहल बा।  इहे ना ओकरा पइसा के लेन-देन से जुड़ल जानकारी ATS जाने के प्रयास कइलस। बतावल जा रहल बा कि जुवक के खाता में पइसो आइल बा।

टीम ई जाने के कोसिस कइलस कि आखिर ओकरा के कवना बात के पैसा मिलल बा। पूछताछ के बाद जब टीम संतुष्ट ना भइल तs जुवक के अपना संगे लेके रात करीब आठ बजे निकल गइल। एह दौरान ATS परिवार वालन के नंबरो लेलस। जुवक के आगे का करे के बा, ATS एकर ओह लोगन के जानकारी देवे के बात कहले बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]