[the_ad_group id="30365"]

DDU: गोरखपुर विश्वविद्यालय में 10 जून से होई प्रवेश परीक्षा, 15 मई तक कइल जा सकत बा ऑनलाइन आवेदन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में शैक्षणिक सत्र 2023-2024 में स्नातक आ परास्नातक के कक्षा में प्रवेश खातिर परीक्षा 10 जून से सुरू हो जाई। प्रवेश खातिर 15 मई तक ऑनलाइन आवेदन करे के बा आ एक जुलाई से प्रवेश लिहल जाई।

विश्वविद्यालय प्रशासन सत्र के नियमित करे खातिर प्रवेश के प्रक्रिया के जल्दी पूरा करावे के योजना बनवले बा। परास्नातक, प्री-एचडी, डिप्लोमा आ सर्टिफिकेट पाठ्यक्रम, इंजीनियरिंग आउर कृषि पाठ्यक्रमन में प्रवेश खातिर ऑनलाइन आवेदन के सुरुआत सोमार से हो गइल।

इच्छुक अभ्यर्थी विश्वविद्यालय के वेबसाइट पs आवेदन कs सकत बा लो। प्रवेश परीक्षा 10 जून से 25 जून तक करावल जाई। एकरा सकुशल आयोजन खातिर स्नातक प्रवेश परीक्षा के समन्वयक प्रो० विनय कुमार सिंह, परास्नातक प्रवेश परीक्षा के समन्वयक प्रो० मनीष कुमार श्रीवास्तव आ प्री- पीएचडी प्रवेश परीक्षा के समन्वयक प्रो० दिनेश यादव के बनावल गइल बा।

विदेशी भाषा के पढ़ाई खातिर सर्टिफिकेट कोर्स

विश्वविद्यालय में विदेशी भाषा फ्रैंच, स्पेनिश आ चाइनीज भाषा के पढ़ाई एही सत्र से सुरू होई। एकरा खातिर ऑनलाइन आवेदन मांगल गइल बा। प्रवेश 30-30 सीटन पs प्रवेश लिहल जाई। एकरा संगही बीएससी एजी, बीटेक, होटल मैनेजमेंट के संगे सेल्फ फाइनेंस कोर्स आकर्षण के केंद्र होई। बैचलर ऑफ होटल मैनेजमेंट एंड कैटरिंग टेक्नोलॉजी, बीकॉम (बैकिंग एंड इंश्योरेंस), बॉयोइंफार्मेटिक्स, ज्योतिष आ कर्मकांड समेत 107 सेल्फ फाइनेंस कोर्स के पढ़ाई सुरू कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]