[the_ad_group id="30365"]

UP News: संस्कृत पढ़ रहल विद्यार्थियन के अब छात्रवृति मिली 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश में संचालित राजकीय, अशासकीय सहायता प्राप्त आ स्ववित्तपोषित संस्कृत माध्यमिक विद्यालयन आ महाविद्यालयन में पढ़ाई कर रहल सब छात्र-छात्रा लोगन के 1.31 अरब के बजट से छात्रवृति देवे के तइयारी बा।

माध्यमिक शिक्षा निदेशक डॉ० महेंद्र देव के ओर से शासन के कक्षा छव से लेके स्नात्कोत्तर स्तर तक के विद्यार्थियन के छात्रवृति देवे के संबंध में प्रस्ताव भेजल गइल बा। सूत्रन के मोताबिक छात्रवृत्ति खातिर शासन के ओर से प्रस्ताव मांगल गइल रहे, एकरा जल्दिये मंजूरी मिले के उम्मीद बा। छात्रवृति मेधा के अनुरूप दिहल जाई।

उदाहरण के तौर पs प्रथमा कक्षा (6 से 8 तक) में 33 से 45 प्रतिशत अंक पावे वालन विद्यार्थियन के हर महीना 300 रुपिया, 45 से 60 प्रतिशत पावे वालन के 325 रुपिया जबकि 60 भा ओकरा से बेसी पावे वालन के 350 रुपिया छात्रवृत्ति दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]