[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर यूनिवसिर्टी के छात्र लोग कइल कुलपति के घेराव: बोललें- जब कुलपति बहरा निकलिहें, हमनी के तब्बे उठल जाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर यूनिवर्सिटी पs सनीचर के एक बेर फिर छात्र लोग हंगामा कइल। छात्र से हॉस्टल खाली करवले के विरोध में ABVP के छात्र के कुलपति दफ्तर के घेराव कs दिहलें। काफी अधिक संख्या में छात्र यूनिवर्सिटी से निकल के कुलपति दफ्तर पहुंचलें अउर उहां धरना पs बैठ गइलें। छात्रन के कहनाम बा ”जब ले कुलपति बाहर निकल के बात नाइ करिहें, तब ले हम इहां से नाइ उठल जई।”

पढ़ल लिखल छोड़के धरना पs बइठल बानें छात्र लोग

गोरखपुर विश्वविद्यालय के छात्रन के कहनाम बा कि, ”कौनो छात्र आपन पढाई लिखाई के छोड़ के धरना पर अउर केहू के विरोध कइल पसंद नाइ करsला। लेकिन, जब कुलपति छात्र के ही शोषण करे लगिहें त मजबूरन हम छात्र लोग के शैक्षणिक क्रियाकलाप छोड़ के कुलपति के घेराव करे के पड़ रहल बा।” छात्र लोग कहल, हमनींके कुलपति के विरोध में तब ले बइठल रहल जाई, जब ले कुलपति छात्र लोग के सामने ठाढ़ हो के बात नाइ करिहें।

गेट पर लागsला ताला, कुलपति से मिललो बाटे मुश्किल

गोरखपुर विश्वविद्यालय के छात्र जब प्रशासनिक भवन में कुलपति से मीले खातिर आवेने, त गेट पर ताला लागल होला। जेसे उ कुलपति से मिल नाइ पावेने। छात्रन के परीक्षा देहले के बादो मार्कशीट पर या त अब्सेंट चाहे अनकंप्लीट लिख दिहल जाला। अइसे में छात्र जब प्रशासनिक भवन ओर आवेने त गेट पर लागल ताला उन के निराश कर देला। प्रशासनिक भवन के अधिकारियन से मुलाकातो नाइ हो पावsला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]