[the_ad_group id="30365"]

झारखंड में फंसल 50 हजार शिक्षकन के नियुक्ति, TET परीक्षो ना होई, सरकार के सोझा बा ई चुनौती 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड में प्राथमिक से लेके प्लस टू विद्यालय तक के नियुक्ति फिलहाल लटक गइल बा। स्कूली शिक्षा आ साक्षरता विभाग द्वारा जेएसएससी स्नातक स्तरीय परीक्षा संचालन संशोधन नियमावली 2021 के आधार पs बदलाव कइल गइल रहे। प्राथमिक, हाइस्कूल आ प्लस टू शिक्षक नियुक्तियो में अनारक्षित वर्ग के अभ्यर्थियन खातिर झारखंड से मैट्रिक, इंटर के परीक्षा पास होखल अनिवार्य कइल गइल रहे।

झारखंड हाइकोर्ट द्वारा जेएसएससी स्नातक स्तरीय परीक्षा संचालन संशोधन नियमावली 2021 के रद्द कइल गइला के बाद अब एह नियमावली के तहत होखेवाला नियुक्तियो फिलहाल फंस गइल बा। राज्य के प्लस टू विद्यालयन में जहां नियुक्ति प्रक्रिया सुरू हो गइल रहे, ओहिज प्राथमिक विद्यालयन के नियुक्ति के तइयारी कइल जा रहल बा। एकरा खातिर जिलन के आरक्षण रोस्टर क्लियर करे के कहल गइल रहे।

जिलन द्वारा आरक्षण रोस्टर क्लियर कs के प्राथमिक शिक्षा निदेशालयन के भेजल गइल बा। स्कूली शिक्षा आ साक्षरता विभाग आर्थिक रूप से कमजोर वर्ग के आरक्षण के लेके कार्मिक विभाग से मार्गदर्शन मंगले रहे। कार्मिक विभाग से मार्गदर्शन के बाद नियुक्ति खातिर अधियाचना झारखंड कर्मचारी चयन आयोग के भेजल जाइत।

शिक्षक पात्रता परीक्षो ना हो सकेला:

राज्य में पिछला पांच बरिस से शिक्षक पात्रता परीक्षा ना भइल रहे। शिक्षा विभाग द्वारा झारखंड शिक्षक पात्रता परीक्षा नियमावलियो में अनारक्षित वर्ग खातिर अभ्यर्थियन खातिर झारखंड से मैट्रिक आ इंटर के परीक्षा पास होखल अनिवार्य कइल गइल रहे। नियमावली रद्द होखला के बाद अब झारखंड शिक्षक पात्रता परीक्षा फिलहाल ना हो सकी। झारखंड शिक्षक पात्रता परीक्षा खातिर स्कूली शिक्षा आ साक्षरता विभाग द्वारा प्रस्ताव झारखंड एकेडमिक काउंसिल के भेजल गइल रहे। झारखंड शिक्षक पात्रता परीक्षा नियमावली में हर साल परीक्षा लेवे के प्रावधान बा।

बदलाव के खातिर एक साल तक चलल प्रक्रिया:

नियुक्ति नियमावली में बदलाव के लेके प्रक्रिया लगभग एक साल तक चलल रहे। एकरा बाद नियुक्ति प्रक्रिया सुरू करे के तइयारी चलत रहे।

एह नियमावलियनो में कइल गइल रहे प्रावधान:

राज्य में कस्तूरबा गांधी बालिका विद्यालय आ मॉडल स्कूल में शिक्षकन के नियुक्ति खातिर नियमावली बनावल जा रहल बा। राज्य में एह विद्यालयन में शिक्षकन के स्थायी नियुक्ति खातिर अब तक नियमावली ना बनल रहे। शिक्षा विभाग के स्तर से दुनो नियुक्ति नियमावली के स्वीकृति मिलल रहे। एह दुनो नियमावलियन में अनारक्षित वर्ग के अभ्यर्थियन खातिर झारखंड से मैट्रिक, इंटर पास होखल अनिवार्य कइल गइल रहे। अब एह दुनो नियमावली के तइयार करे के प्रक्रिया बाधित होई।

50 हजार पदन पs दु चरण में होखे के रहे नियुक्ति:

स्कूली शिक्षा आ साक्षरता विभाग द्वारा प्राथमिक आउर मध्य विद्यालय में शिक्षकन के 50 हजार पद सृजित कइल गइल रहे। एह पदन पर दु चरण में नियुक्ति के घोषणा कइल गइल रहे। पहिला चरण में 26 हजार नियुक्ति होखे के रहे।

21 से सुरू होखे के रहे प्लस टू शिक्षक नियुक्ति परीक्षा

झारखंड कर्मचारी चयन आयोग द्वारा पांच परीक्षान के कैलेंडर जारी कइल गइल रहे आ एह परीक्षा के तिथि घोषित कइल गइल रहे। झारखंड कर्मचारी चयन आयोग द्वारा जारी परीक्षा के कैलेंडर वापस ले लिहल गइल बा। जवना परीक्षा के तिथि घोषित कइल गइल रहे, ओमे राज्य के प्लस टू विद्यालय में 3120 शिक्षकन के नियुक्ति खातिर परीक्षा होखे के रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]