[the_ad_group id="30365"]

कुलपति पs हमला करे वाला 10 छात्र होई लो निष्कासित: गोरखपुर यूनिवर्सिटी निष्कासन के नोटिस भेजलस, एक हफ्ता में देवे के होई जवाब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति कार्यालय में उपद्रव, कुलपति आ कुल सचिव पs हमला करे वाला 10 छात्र निष्कासित होई लो। आरोपी छात्रन के विश्वविद्यालय प्रशासन निष्कासन के नोटिस भेजले बा। ओह  लोगन से एक हफ्ता के भीतर लिखित जवाब मांगल गइल बा। तय समय में पक्ष ना रखला पs ओह लोगन के निष्कासन कs दिहल जाई।

दरअसल, फीस वृद्धि आ 4 छात्रन के निलंबन आ प्रतिबंध के वापस लेवे के मांग के लेके 21 जुलाई के ABVP कार्यकर्ता कुलपति कार्यालय पs प्रदर्शन करत रहे लो। एही दौरान पुलिस के घेराबंदी में जा रहल कुलपति के रोके पs पुलिस से झड़प हो गइल रहे। मुख्य नियंता के तहरीर पs कैंट पुलिस 22 नामजद पs केस दर्ज कइले रहे।

CCTV फुटेज से भइल पहचान

एमे 8 विश्वविद्यालय के छात्र सामिल बा लो। एकरा बाद पुलिस CCTV फुटेज आ वायरल वीडियो से दु आउर छात्रन के पहचान कइलस। पुलिस एह सब केहू के निष्कासन के नोटिस ओह लोगन के घर, विभाग आ मोबाइल फोन पs भेज के एक हफ्ता में जवाब मांगलें बिया।

एह छात्रन के भेजल गइल बा नोटिस

गोरखपुर विश्वविद्यालय के छात्र के रूप में सूरज कुमार चंचल, चंद्रपाल सिंह यादव, अर्पित कसौधन, प्रिंस तिवारी, संजीव त्रिपाठी, शक्ति सिंह, प्रतीक रंजन सिंह आ पीयूष कुमार के पहचान कइल गइल बा। एकरा अलावे विपिन जायसवाल आ सौरभ कुमार गौड़ विश्वविद्यालय के संबद्ध कॉलेज के छात्र हs लो।

नोटिस के मोताबिक, जवाब देला के बाद गोविवि प्रशासन के ओर से गठित कमेटी आरोपन आ जवाब के परीक्षण करी। ओकरा बाद कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]