[the_ad_group id="30365"]

दुआरी पs 3 दिन शव रखला के बाद अंतिम संस्कार: सीवान में परिजनन के मांग रहे, जब तक हत्यारा गिरफ्तार नइखे होत, ना कइल जाई दाह संस्कार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान में 3 दिन शव के घर पs रखला के बाद मंगर के अंतिम संस्कार कs दिहल गइल। रंगदारी ना देला पs कपड़ा दुकानदार सत्येंद्र श्रावास्तव आ उनका परिजनन के संगे सानी बगाही गांव के दर्जनन असामाजिक तत्व मारपीट कइले रहे लो। स्त्येंद्र घायल हो गइल रहस। 22 जुलाई के पीएमसीएच पटना में इलाज के दौरान मौत हो गइल रहे। जवना के बाद मृतक के परिजन शव के घर के दुआरी पs तीन दिन तक रखल आ मांग रखल लो कि जब तक पुलिस गिरफ्तारी नइखे करत अंतिम संस्कार ना करेम सs। सड़क जाम कइले रहे लो। पुलिस 10 दिन के समय मंगले रहे।

एसपी के आश्वासन के बाद दाह संस्कार

24 जुलाई के रात करीब 9:00 बजे पीड़ित परिजन से स्थानीय विधायक विजय शंकर दुबे मिललें। परिजन लोग पूरा बात बतावल तब विजय शंकर दुबे एसपी से फोन से बात कइलें। एसपी कहलें कि परिजनन के कवनो परिजन के इंतजार होई। एसपी के बात सुनतही ग्रामीण आक्रोशित हो गइल लो आ कहल कि पुलिस कहले रहे कि 10 दिन के अंदर आरोपियन के पकड़ लिहल जाई। एसपी तुरंत सभे के आश्वासन देलें आ कहलें कि जल्दिये आरोपियन के पकड़ लिहल जाई। एसपी के द्वारा फोन पs आश्वासन दिहल गइला के बाद मंगलर के सत्येंद्र के अंतिम संस्कार भइल।

हत्यारन के गिरफ्तारी के मांग करत परिजन।

20 जुलाई के रात मारपीट में सत्येंद्र घायल भइल रहलें 

20 जुलाई के रात कपड़ा दुकानदार सत्येंद्र के दुकान पs कुछ असमाजिक तत्व पहुंचले सs आ रंगदारी देवे के मांग करे लगले सs। जुवकन के कहनाम रहे कि ई हमनी के बाजार हs। इहां दुकान चलावे के बा तs हमनी के रंगदारी देवे के होई। जब सत्येंद्र एकर विरोध कइलें तs मारपीट कइल गइल। मारपीट के सूचना सत्येंद्र के परिजनन के लागल। परिजन बाजार तक पहुंचल लो जेमे सत्येंद्र के भाई चंद्रभूषण श्रीवास्तव, राजकुमार श्रीवास्तव भतीजा सुमन श्रीवास्तव के संगहू मारपीट कइल गइल। घटना के बाद सब असामाजिक तत्व उहां से भाग निकलल लो। स्थानीय लोगन के मदद से एह 4 घायलन के इलाज खातिर सीवान के सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल। सत्येंद्र आ चंद्रभूषण के इस्थिति गंभीर देखत डॉक्टर लोग पटना रेफर कs दिहल। पटना पीएमसीएच में इलाज के क्रम में सनीचर के सत्येंद्र श्रीवास्तव (30) पिता बिपिन श्रीवास्तव के मृत्यु हो गइल।

एगो आरोपी के भइल बा गिरफ्तारी

बसंतपुर थाना के एएसआई स्वाति कुमारी कहली कि एह ममिला में एगो आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। प्राथमिकी दर्ज होखला के बाद से पुलिस आउर आरोपियन के पकड़े में जुटल बिया आ जल्दिये सब आरोपियन के पकड़ लिहल जाई। मालूम होखे कि सानी बगाही निवासी गुड्डू महतो, दीपेश महतो, संजीव, दीपू, टुनटुन दीपक महतो सहित कुल 11 लोगन के ऊपर प्राथमिकी दर्ज करावल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]