[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: विधानसभा में सपा उठाई प्रो. कमलेश गुप्त के मामिला, दिहलें आश्वासन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो राजेश सिंह के पद से हटा के उनके कार्यकाल के जांच के मांग के ले के हिंदी विभाग के निलंबित आचार्य प्रो. कमलेश गुप्त के आमरण अनशन तीसरे दिन सोमार के सपा के प्रदेश अध्यक्ष उत्तम पटेल विश्वविद्यालय पहुंचलें। इहाँ ऊ प्रो. कमलेश गुप्त से मुलाकात कइलें अउर आश्वस्त कइलें कि एह मुद्दा के प्रमुखता से विधानसभा में उठावल जा।

ओंने, बार एसोसिएशन सिविल कोर्ट के अध्यक्ष मनोज कुमार पांडेय अउर मंत्री धीरेंद्र कुमार द्विवेदी प्रो. कमलेश गुप्त के समर्थन करत कहलें कि एह समय विश्वविद्यालय अराजकता के भेंट चढ़ गइल बा। शिक्षक से ले के कर्मचारी, सब भय के वातावरण में काम कs रहल बानें। प्रो. गुप्त के मांग के संदर्भ में विश्वविद्यालय प्रशासन यथाशीघ्र विचार नाइ कइलस त अधिवक्ता समुदाय एह लड़ाई में हर संभव सहयोग करी।

समर्थन करे वालन में प्रो. उमेशनाथ त्रिपाठी, प्रो. अजेय गुप्ता, प्रो. राकेश पांडेय, प्रो. केडी तिवारी, प्रो. धीरेंद्र सिंह, सपा जिलाध्यक्ष अवधेश यादव, डॉ. धर्म व्रत तिवारी, डॉ. रवि शंकर पांडेय, शिवशंकर गौंड आदि लोग शामिल रहनें।

जूस पिया के खत्म करवलें आमरण अनशन

आमरण अनशन के तीसरे दिन सोमार के देर रात करीब साढ़े दस बजे गुआक्टा के पदाधिकारी लोग नियंता प्रो. गोपाल प्रसाद के मौजूदगी में प्रो. कमलेश गुप्ता से मुलाकात कइलें। कुछ देर वार्ता के बाद नियंता जूस पिया के प्रो. कमलेश के आमरण अनशन समाप्त करवलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]