पुणे में कॉलेज के लगे एक के बाद एक फटल 10 सिलेंडर, धमाका के बाद मचल भगदड़

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 27, 2023

  दमकल अधिकारी बतवले कि शहर के विमान नगर इलाका में दुपहरिया 2.45 से 3 बजे के बीच इs घटना भईल। जानकारी मिलला के बाद फायर ब्रिगेड के गाड़ी के तुरंत मउका पs भेज दिहल

Share

 

दमकल अधिकारी बतवले कि शहर के विमान नगर इलाका में दुपहरिया 2.45 से 3 बजे के बीच इs घटना भईल। जानकारी मिलला के बाद फायर ब्रिगेड के गाड़ी के तुरंत मउका पs भेज दिहल गईल। अधिकारी बतवले कि करीब 100 सिलेंडर टीन के शेड के नीचे खुला जगह पs राखल रहे। एक के बाद एक सिलेंडर में आग लगला के चलते भारी विस्फोट भईल। आग बुझावे खातिर फायर ब्रिगेड के 3 गाड़ी अवुरी पानी के टंकर के मउका पs भेजल गईल बा।

पुणे नगर निगम के मुख्य अग्निशमन अधिकारी देवेन्द्र पोटफोडे बतवले कि दमकल अधिकारी मउका से अवुरी सिलेंडर के हटा देले बाड़े। बाकी सिलेंडर में आग ना लागे एकरा खातिर पानी के छिड़काव कईल गईल बा। उ कहले कि सौभाग्य के बात बा कि ए दुर्घटना में केहु के कवनो नुकसान ना भईल।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.