[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: राजू के जगही पs रैंचो  ‘यस सर’ बोल के नाइ लगा पइहें हाजिरी, MMMUT में लागू होई ई नियम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अगर आप थ्री इडियट्स पिक्चर देखले बानीं त ई निम्मन से जानत होखब कि कक्षा में राजू के न अइले पर रैंचो कौने तरे  ‘यस सर’ बोल कर उनकर हाजिरी लगवा देत रहे। लेकिन, मदन मोहन मालवीय प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय (एमएमएमयूटी) में विद्यार्थी राजू-रैंचो के ई खेल अब नाइ खेल पइहें।

विश्वविद्यालय में हाजिरी के व्यवस्था के पारदर्शी बनाने खातिर विश्वविद्यालय तकनीकी के सहारा लिहलें बा। एकरे तहत अब कैमरा से छात्रन के हाजिरी लगी। यानी, बिना कक्षा में अइले विद्यार्थी हाजिरी नाइ लगवा पइहें। सब तैयारी हो चुकल बा , दीपावली के बाद से ई व्यवस्था लागू कइल जाई

अइसे लगी हाजिरी

सब कक्षा में टैबलेट से फोटो खींचल जाई। टैबलेट में एगो सॉफ्टवेयर अपलोड कइल जाई। जेमें सब छात्रन के ब्योरा रही। टैबलेट में विद्यार्थी के फोटो के साफ्टवेयर पहिले मिलान करी अउर फिर हाजिरी लगा देई।  एकर कमांड हेड के अलावा आईटी सेल के पास भी रही।

विश्वविद्यालय में इमेज बेस्ड अटेंडेंस के तैयारी पूरा क लीहल गइल बा। दीपावली के बाद ऑनलाइन अटेंडेंस के प्रक्रिया शुरू कइल जाई। ई व्यवस्था काफी पारदर्शी होई। – प्रो. जेपी पांडेय, कुलपति, एमएमएमयूटी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]